सब्जी मण्डी से फिल्मी परदा पर अइलें बालगोविन्द

Balgovind : Lalla of Brijwaपिछला साल रिलीज फिलिम बृजवा में अपना अभिनय के छाप छोड़ देबे वाला खलनायक बालगोविन्द के चर्चा भोजपुरी के नयका बैडमैन का रुप में हो रहल बा. देवरिया के मूल निवासी बालगोविन्द बिहार का कटिहार में आपन बचपन बितवलें. अभिनय के भूख मुंबई ले आइल त फुटपाथ पर सब्जी बेचल, फेरी लगा के सामान बेंचल वगैरह काम कर के आपन संघर्ष वाला दिन गुजारत बालगोविन्द के मोहनजी प्रसाद, मनोज कुमार, आ रामानन्द सागर से भेंट त भइल बाकिर काम ना बनल. मजबूरन फेर कटिहार लवटि गइलन आ अपना बाबूजी के सब्जी के थोकव्यवसाय में रम गइलें. तबहियो एक्टिंग के कीड़ा काटते रहल बालगोविन्द के आ एक हालि फेर खींच ले आइल उनका के मुंबई का मायानगरी में. अबकी के जतराफेर काम कर गइल आ मोहनजी प्रसाद उनका के पंडितजी बताईं ना बिआह कब होई में मौका दे दिहलें.

फिलिम हिट रहल आ बालगोविन्द के काम मिले लागल. ओकरा बाद त फेर पाछा मुड़ के देखे के जरुरते ना पड़ल आ गवनवा ले जा राजाजी, निरहुआ चलल ससुराल समेत कई सफल फिलिमन में काम करेवाला बालगोविन्द के सलमान खान के बहुचर्चित हिन्दी फिल्म वीर के हिस्सा बने के मौका मिल गइल. वीर में बालगोविन्द एगो गानो में सलमान का साथे बाड़े. अतने ना, पॉपकार्न इंटरटेनमेंट के फिलिम द लिटल गॉड फादर में ऊ दगड़ू नाम के खतरनाक गुंडा बनल बाड़े. बहरहाल बृजवा के लल्ला के धूम बा आजकल भोजपुरी सिनेमा का दुनिया में. खुद बालेगोविन्द के कहनाम बा कि मेहनत हमेशा रंग ले आवेले. उनका संतोष बा कि अपना खराबो दिन में ऊ कवनो गलत काम ना कइलें.


स्रोत : उदय भगत