गुजराती बाला के भोजपुरिया प्रेम

Kajal Nishadगुजरात का कच्छ इलाक के लड़की अगर सिनेमा का परदा पर भोजपुरी समेत देश के सात गो भाषा फर्राटा से बोलत नजर आवे त कहब रउरा ? एहिजा बात हो रहल बा भोजपुरी फिलिम आ धारावाहिकन के चर्चित अदाकारा काजल निषाद के.

बी॰आर॰चोपड़ा के धारावाहिक आप बीती से ग्लैमर का दुनिया में प्रवेश करे वाली काजल नकाब, जब लव हुआ, सारथी, ऐसा देश है मेरा का अलावा करीब दू दर्जन धारावाहिकन में काम कर चुकल बाड़ी. भोजपुरी चैनल महुआ के धारावाहिक मेंहदी तोहरे नाम के, डोली सजा के रखीहऽ समेत कई गो फिलिमो में काजलकाम कर चुकल बाड़ी. एह फिलिमन में हनुमान भक्त हवलदार, बिहारी माफिया, शादीबियाह, सेज तइयार सजनिया फरार, आ दोसर बियाह शामिल बा.

सात भाषा में काम करे वाली काजल निषाद के साहित्यो पर बढ़िया पकड़ बा आ शौकिया तौर पर ऊ लिखनिहारो हई. बहरहाल अंग प्रदर्शन से परहेज राखेवाली काजल के साध बा कि उनकर पहिचान एगो मजगर अभिनेत्री के बने जेकरा के लोग लंबा अरसा तक याद राखे.


स्रोत : उदय भगत