गठबंधन प्यार के

On the sets of Gathbandhan Pyaar Keनिरहुआ रिक्शावाला आ गंगा तोहरे देस में के प्रस्तुकर्ता संजय सिन्हा के भोजपुरी फिलिम गठबंधन प्यार के के शूटिंग पिछला दिने मड आयलैण्ड के भु्ल्लर विला में होत रहे. फिलिम के शूटिंग देखे खातिर मिलल आमन्त्रण पर जब ओहिजा चहुँपनी त देखनी कि एगो आलीशान बंगला के कवनो दुलहिन का तरह सजावल गइल रहे. बैण्ड बाजत रहे आ बुझाइल कि हम अपना गाँवे कवनो शादी में आइल बानी.

बैण्ड बाजा आ बारातियन का साथे छोटू छलिया उछल उछल के नाचत रहलें आ पाछा में दुल्हा का इनोवा गाड़ी में पवन सिंह दुल्हा बनल बइठल रहलें. शादी के दृश्य फिल्मावल जात रहुवे. छोटू छलिया एहमें लक्ष्मण के किरदार करत बाड़े आ पवन सिंह राम के, जे नीलू बनल रिंकू घोष से बियाह करे आइल रहलें. फिल्म के निर्देशक कैमरामैन सहित पूरा युनिट शूटिंग में व्यस्त रहे. लिहाजन हम फिल्म के प्रस्तुत कर्ता संजय सिन्हा से बतियावे लगनी.

संजय सिन्हा बतलवलन कि गठबंधन प्यार के पूरा तरह से पारिवारिक फिलम हऽ जवना में पुरनका रस्मोरिवाज के देकावल जा रहल बा. एह फिलिम में कुल्ह १३ गो गाना बाड़ी स जवन कि ठूंसल नइखे गइल बलुक मौका का मुताबिक बाड़ी सन. सबले बढ़ के एह फिलिम में कवनो आयटम संग नइखे.

एही बीच फिल्म के निर्मात्री मोनिका सिन्हा आ गइली आ बतवली कि नायक के पढ़ाई लिखाई विदेश में भइल बा आ ऊ विदेश से इंजिनयरिंग के पढ़ाई कर के अइला का बादो गाँव में रह के किसानी करत बा. ऊ आदर्श आ संस्कारित लड़िका बा. ओकरा छोट भाई क शादी बाद में नीलू का बहिन से होत बा. अपना किरदार से खुश पवन सिंह आ छोटू छलिया के कहनाम रहे कि अइसनका फिल्म में काम कर के खुशी मिल रहल बा जवना में रस्मोरिवाज आ रिश्ता के प्रधानता बा.

गठबंधन प्यार के भोजपुरी के पहिला फिलिम हऽ जवना में चार चार गो गायक नायक का रुप में आइल बाड़े. एह लोग में पवन सिंह आ छोटू छलिया का साथ साथ अरविन्द अकेला उर्फ कल्लू, आ अंजली भारद्वाज बाड़न जा. अक्षत फिल्म इंटरनेशनल का बैनर में बनत एह फिलिम के निर्मात्री मोनिका सिन्हा, निर्देशक विष्णु शंकर वेलू, संगीतकार पप्पू श्रीवास्तव, गीतकार पंकज, संवादलेखक ओ पी कश्यप, कैमरामैन प्रिंस बाड़े. मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, रिंकू घोष, छोटू छळिया,अरविन्द अकेला कल्लू, अंजली भारद्वाज, पृथ्वी सिंह, काजल, परिणिता वगैरह शामिल बावे लोग. प्रस्तुतकर्ता संजय सिन्हा आ अपूर्वा फिल्म्स हवे.


स्रोत : शशिकान्त सिंह