भोजपुरी संस्कारन का सुगंध में रचल बसल फिलिम शादी-बियाह

A scene from Shadi Biyah त्रिलोक फिल्म्स का बैनत तर बनत भोजपुरी फिलम शादी-बियाह पूरा तरह से भोजपुरी संस्कारन से जुड़ल फिल्म हवे. एहमें छेंको जइसन रस्म के पुरा खूबसूरती से परदा पर उभारल गइल बा. कवनो भोजपुरी फिलिम में पहिलका बेर छेंका के गीत फिल्मावल गइल बा जवना के बोल बा, गौरी गणेश के पुजाई के, छेंका चढ़े दुलहा के.. गीत माधव पान्डेय निर्मल के लिखल ह आ संगीत दिहले बाड़े मणिशंकर.

फिल्म के निर्माता शंभू नारायन कहलें कि, भोजपुरिया लोगन के जवन छवि आजु दोसरा लोगन का बीच बन रहल बा ओकरा में भोजपुरी सिनेमा के बड़हन रोल बा. एही चलते हम एह फिलिम का माध्यम से बतावल चाहत बानी कि असल में भोजपुरी संस्कार का हऽ ? हमरा कल्पना में एगो अइसन फिलिम रहुवे जवना के पूरा परिवार, बाप बेटी, भाई बहिन, महतारी बेटा साथे साथ बइठ के देख सकस आ आनन्दित हो सकस. आ हमार कल्पना साकार हो गइल शादी-बियाह का रूप में.

शादी-बियाह के निर्देशन कइले बाड़न विज्ञापन गुरु देबाशीष घोष आ संत राम, अजय सिंह एकर कार्यकारी निर्माता हउवें. मूख्य कलाकारन में दिनेश प्रकाश, स्मृति सिन्हा, जय तिलकम कमल अदीप, मेहनाज, नीलिमा सिंह, प्रभात सिंह, काजल, मुस्कान, राजेश राजा, अनिल मिश्रा, आ पल्लवी के नाम बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह