हवेली में कैद जाँबाज जिगरवाला

Viraj Bhatta and Sonali Joshi भोजपुरी सिनेमा एक्शन मोड में आ गइल बा, हर तरफ धूम धड़ाम हो रहल बा. शायदे कवनो फिलिम होखी जवना में प्यार मोहब्बत का साथ मारपीट उठापटक के माहौल ना होखे. आ जब फिलिम के नामे एक्शन से लबरेज रहो त फेर कुछ कहला के जरुरते नइखे. बात करत बानी दर्शना आर्ट्स के एक्शन थ्रिलर जाँबाज जिगरवाला के जवना के शूटिंग देखे हम वसई चहुँप गइनी. फिल्म के प्रवक्ता का बोलहटा पर हम हवेली इन में इन कइनी त पूरा माहौले विलक्षण आ अजीबोगरीब साज सज्जा से भरल पुरल लउकल. शूटिंग चालू हो चुकल रहे आ विराज भट्ट आ सोनाली जोशी एक दुसरा में डुबल जात रहे लोग. कैमरामैन अकरम खान क्रेन में लटकल कैमरा के एंगल बदले बतावे में व्यस्त रहलें त नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी एक दुसरा में डूबल सोनाली आ विराज के बेर बेर अलगा कर के फेर से ओहि आलिंगन मुद्रा में डूब जाये के निर्देश देत रहलें.

एह दृश्य के आनन्द निर्देशक निर्मल के सी आ निर्माता दीपक अधिकारी आ लीलाधर नृपानी का साथे सगरी पत्रकार उठावत रहलें. बाकिर ऊ दुनू जने तनाव में रहलें काहे कि ओह लोग के आपन बेस्ट जे देबे के रहे. खैर कुछ देर में सीन ओके भइल आ पूरा यूनिट लंच ब्रेक में चल दिहल. घंटा भर बाद बारी बारी से प्रेस से मुखातिब भइलें निर्माता, निर्दशक, नायक, आ नायिका.

जाँबाज जिगरवाला के निर्देशक निर्मल के सी बतवले कि फिलिम दू गो जाँबाज युवकन, विनय आनन्द आ विराज भट्ट, के कहानी ह जे तीसरका, सुशील सिंह, से प्रताड़ित नायिका, सोनाली जोशी, का बचाव में कइल नाटके में कइ गो मुसीबत खरीद लेत बाड़न. बाकिर दुनु हवें जवाँमर्द आ लड़की बा कवनो कमजोर मजलूम का साथे नाइंसाफी कइसे होखे देस ? अब ई दुनु जने का का कमाल करत बाड़े आ नायिका सोनाली अलगा अलगा कवना रूप में मिलत बाड़ी ई त थियेटरे में देखे क मिली. क्लाइमेक्स एहिजे कइसे बता दिहल जाव ? हँ, अतना जरुर बतावल जा सकेला कि विनय आनन्द का पीछे एगो अउरी लड़की पड़ल बिया पूजाना प्रधान. फिलिम में नौ गो गाना बा जवना के अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल, आ श्याम देहाती लिखले बाड़े. संगीत ह अशोक कुमार दीप के. कानू मुखर्जी का अलावे दिलिप मिस्त्री आ महादेवनो नृत्य निर्देशन कइले बाड़े. शकील शेख आ श्याम मोदी फाइट मास्तर बाड़े, कलाकारन में विनय आनन्द, विराज भट्ट, सुशील सिंह, पुष्कर भट्ट, लीलाधर नृपानी, रत्नेश बरनवाल, सुनीता शर्मा, आ संतोष शुक्ला शामिल बाड़े. ई एगो ईण्डो नेपाल प्रोजेक्ट ह जवना के फरवरी में रिलीज करे के योजना बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त