प्यार बिना चैन कहाँ रे

Pyar Bina Chain Kahan Reसेवन स्टार क्रिएशन्स का बैनर में बनत निर्माता अँजय रघुराज के भोजपुरी फिलिम प्यार बिना चैन कहाँ रे के शूटिंग पिछला दिने बिहार का मोतिहारी जिला के अलगा अलगा लोकेशन पर करावल गइल. फिलिम में सच्चा प्यार के दास्ताँ देखावल जाई. सुपर स्टार पवन सिंह एहमें गाँव के एगो सोझबक लड़िका मोहन के किरदार कइले बाड़े जवन राधा बनल स्मृति सिन्हा से एकतरफा प्यार करत बा. पवन सिंह कहलें कि एह फिलिम में उनकर कई गो शेड्स देखे के मिली.

फिल्म के निर्देशन मनोज झा करत बाड़न. मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, स्मृति सिन्हा, पंकज त्रिपाठी, ललितेश झा, प्रवीण सिंह सिसोदियाम संजीव झा, जितेन्द्र सुमन, नीलिमा सिंह, महक शुक्ला, अमरेन्द्र शर्मा, आनन्द मोहन, निभा श्रीवास्तव, संगीता रमण, सारिका, संघमित्रा, हरिशरण, सुनील बिहारी, आ आनन्द देव शामिल बाड़े. फिलिम में दस गो गाना बा जवना के विनय बिहारीम फणीन्द्र राव, आ राजेश मिश्रा लिखले बाड़े. संगीत धनंजय मिश्रा के बा. छायांकन रंजन मिश्रा के, कला ज्योति प्रकाश के, नृत्य अञित नायक के, संपादन विभूति भूषण के, एक्शन जीतू भाई के बा, सह निर्माता छलिया श्रीवास्तव आ कार्यकारी निर्माता जितेन्द्र सुमन हउवें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त