जरत जरत बचलन पवन सिंह

Pawan Singh in flamesभोजपुरी सिनेमा के नयका स्टार पचन सिंह पिछला दिने एगो भोजपुरी फिलिम सईंया का साथ मँड़ईया मे का एगो खतरनाक सीन का शूटिंग का दौरान जरे से बाच गइलन.

भइल ई कि जब शॉट तइयारे कइल जात रहुवे ओहि बीच डायरेक्टर का एक्शन बोले से पहिलही ब्लास्ट हो गइल. पवन सिंह आग वाली जगहा का अतना करीब रहलन कि पल भर खातिर त उनका इहे बुझाइल कि ऊ झँउस गइलन. सगरी लोग घबड़ा गइल. पवन सिंह बाद में बतवलन कि आग के जलन महसूस भइल आ तब ऊ मौत का कगरिये ठाड़ रहलन. ई त महतारी बाप के आशिर्वाद, भगवान के कृपा, आ प्रशंसकन के प्यार रहे कि उनका के सुरक्षित बचा लिहलस.

ई सीन बहुते रिस्की रहुवे आ पवन सिंह के समुझावल गइल कि एकरा के डुप्लीकेट से करवा लिहल जाव बाकिर खुदे सनी देओल के प्रशंसक रहल पवन सिंह नकार दिहलन आ कहलन कि खुदे ऊ सीन करीहन. उनका एक्शन सीन करे में मजा आवेला. सईंया का साथ मँड़ईया मे के निर्माता संदीप श्रीवास्तव हउवें आ पवन सिहं आ मोनालिसा एकर मुख्य कलाकार. निर्देशन राजकुमार पान्डेय कर रहल बाड़े. पटकथा, संवाद आ गीत विनय बिहारी के बा.

प्रशान्त निशान्त पूरा जानकारी देत बतवले बाड़े कि शूटिंग मुंबई का फिल्म सिटी स्टूडियो में चलत रहुवे. क्लाइमेक्स के सीन शूट करावल जात रहे. सीन में पवन सिहं नायिका का साथे भागत बाड़े आ दुश्मन उनका पाछा लागल बाड़े सँ, नायक के मारे खातिर रास्ता में माइंस बिछा दिहले बाड़न सँ. ओहि बीच एगो खतरनाक ब्लास्ट हो गइल. पवन ओह घटना से तनिको विचलित ना भइलन आ कुछुवे देरी बाद फेर से शूटिंग में लाग गइलें. पवन सिंह के उमेद बा कि दर्शक एह सीन से रोमांचित हो जइहें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त आ मुहम्मद खालिद