लगातार चौबिस घंटा शूटिंग करवलन पवन सिंह

Pawan Singh with Sanjay Sinhaभोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ डायनामिक वितरक संजय सिन्हा का बीचे गठबन्हन हो गइल बा. बुझनी ना कि का चक्कर बा ? दरअसल संजय सिन्हा के प्रस्तुति गठबन्धन प्यार के के ले के पवन सिंह अतना उत्साहित बाड़न कि एह फिल्म खातिर एक दू घंटा ना, पूरा चौबीस घंटा के लगातार शूटिंग कइलें. मुंबई का मड आयलैण्ड के भुल्लर स्टूडियो में पवन सिंह सबेर में फिल्म के कॉमेडी सीन कइलन, साँझ खा एगो इमोशनल सीन कइलन आ रात में नायिका रिंकू घोष का साथे शादी के सीन कइलें. देर रात में एगो गाना के शूटिंग भइल.

एह मौका पर फिल्म के निर्मात्री मोनिका सिन्हा आ निर्देशक विष्णू शंकर वेलू का साथे प्रस्तुतकर्ता संजय सिन्हा रात भर जागत रहल लोग आ साथे साथ जागत रहले गायक से अभिनेता बनल छोटू छलिया, रिंकू घोष, अरविन्द अकेला कल्लू, पृथ्वी सिंह, उषा सिंह, प्रिया पांडे, विनोद मिश्रा, परिणिता, आ अंजलिओ. पूरा टीम एह फिलिम के लेके गजब का उत्साह में बा. पवन सिंह त कहलें कि मेहनत त हर फिलिम में करेलें बाकिर एह फिलिम में कुछ जादही मेहनत हो रहल बा. काहे कि संजय सिन्हा बड़ भाई हउवन आ फिलिमो कमाल के बनत बिया.

गठबन्धन प्यार के के गीत विनय बिहारी आ पंकज के बा, संगीत पप्पू श्रीवास्तव के, कथा पटकथा विष्णुशंकर वेलू के, संवाद ओ॰पी॰ सिंह के आ कैमरामैन हउवें प्रिंस.


स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा