गायकी से आजुवो ओतने प्यार बा पवन सिंह

Pawan Singhभोजपुरी सिनेमा के नयका सुपर स्टार हउवें पवन सिंह. बिहार के आरा जिला के पवन सिंह के फिल्मी कैरियर के शुरुआत भइल रहे रंग ली चुनरिया तोहरे नाम से से. ओहि घरी अहसास करा दिहले रहलें पवन सिंह कि ऊ लमहर रेस के घोड़ा हउवन. पिछला साल त ऊ गजबे के सफलता कमइलें आ अबहियो पूरा मेहनत से लागल बाड़न. पवन सिंह के नया फिलिम जब केहू दिल में समा जाला रिलीज खातिर तइयार बा. एकरा अलावे ऊ अनेके फिलिमन में व्यस्त बाड़े. पिछला दिने पवन सिंह से फिल्म सिटी में बातचीत भइल आ ओहि बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जा रहल बा

साल २००९ में रउरा के मिलल सफलता भोजपुरी सिनेमा उद्योग खातिरएगो कीर्तिमान बन गइल बा. लगातार आठ गो हिट फिलिम ! अद्भुत ! कइसन लागत बा ?

ई सब याद कइले बहुते अच्छा लागेला. लगातार आठ गो हिट फिलिम आ उहो हमरा जइसन कम उमिर के कलाकार खातिर बहुते बड़ बाति बा. बुझात बा जइसे लॉटरी लाग गइल होखो. एह सफलता के पूरा श्रेय हम अपना परिवार, दर्शकगण, आ माता रानी के आशीर्वाद के देत बानी.

राउर सफलता देख का ई मानल जा सकेला कि भोजपुरी सिनेमा में झण्डा गाड़े खातिर लोकगायकी गारण्टी जइसन बा ?

ना, अइसनका कवनो बात नइखे. लोकगायकी सफलता के गारण्टी ना होखे. हँ, ओह लोग का लोकप्रियता का माध्यम से सेफ जरुर लागेला. लोग ओह गायकन के पहिलही अपना लिहले रहेले आ जनता के प्यारा होखेलें.

मंच पर गावल त छूटिये गइल होखी ?

ना. जे लोग हमरा के सरताज बनावल ओहलोग के कइसे भुला देहम. समय निकाल के स्टेज शो करते रहीले. अब त अउरी मजा आवेला जब हम अपना गायकी का साथे कुछ दायलागो मार दीहिलें. गायकी से आजुवो ओतने प्यार बा.

जब केहू दिल में समा जाला के बहुते चर्चा बा. कुछ ओकरो बारे में बताईं ?

फिलिम जब केहू दिल में समा जाला एगो म्यूजिकल लव स्टोरी हऽ जवन हमरा दिल के बहुते करीब बा. निर्माता अशोक गुप्ता के एह फिलिम में हम किसना के भूमिका में बानी जवना के किरदार हमरा से बहुते मिलत जुलत बा. प्रेम त्रिकोण के कहानी में हम एगो बाँसुरी वादक बानी, रानी चतर्जी एगो मॉडल, आ कल्पना शाह गाँव के गोरी. मिथिलेश अविनाश के निर्देशन कमाल के बा आ विनय बिहारी के गीत आ मधुकर आनन्द के संगीत विभोर करे वाला.

एकरा बाद कवन कवन फिलिम बाड़ी सँ ?

निर्देशक राजकुमार आर पांडे के दू गो फिलिम बा. रवि भईया का साथे देवरा बड़ा सतावेले आ दूसरकी हियऽ सईंया का साथे मँड़ईया में. दुनु में मोनालिसा हमार नायिका बाड़ी. देवरा में भाईयन के आपसी प्रेम भाव त सईंया में प्रेम के लटका झटका. देवरा के निर्माण बिहार के वितरक दिलीप जायसवाल करत बाड़े त सईंया के निर्माण संदीप श्रीवास्तव. एकरा अलावे अनिल अग्रवाल के चोरवा बनल दामाद, संजय सिन्हा के गठबन्धन प्यार के, आलोक कुमार के भईया के साली ओढ़निया वाली, अभय सिन्हा आ रामाकांत प्रसाद के अबले अनाम फिलिम, कुरुक्षेत्र, हमार माटी में दम बा वगैरह बाड़ी सँ.

सुने में आइल बा कि सईंया का साथ मँड़ईया में का शूटिंग में जरत जरत बाँच गइनी ?

हँ सही बात बा. बस इहे बुझ लीं कि जरत जरत बाँच गइनी, ना त ओह ब्लास्ट में हम उड़ियो सकत रहीं. सीन में हम नायिका का साथे भागत रहीं आ कुछ गुण्डा हमनी का पाछा लागल रहलें. ओही में बम फाटे लागत बा आ बारुदी सुरंग फूटे लागत बा. ओहि सीन में दुर्घटना होत होत बाँच गइल.

एह साल कइसन सफलता के उमेद बा ?

हम त वइसने सफलता चाहब जइसन प्रतिज्ञा के मिलल, तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो के मिलल, आ जइसन ओढ़निया कमाल करे के मिलल. एहू साल वइसहीं सफलता मिलत रहो आ मिलत रहो सगरी भोजपुरी फिल्म इन्डस्ट्री के दर्शकन के प्यार.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त