मनोज तिवारी का नाम पर धोखाधड़ी

Manoj Tiwariभोजपुरी सुपर स्टार आ लोकगायक मनोज तिवारी का नाम पर बदलापुर में लोगन के धोखा दिहल गइल बा. मनोज तिवारी के भजन संध्या का नाम पर बदलापुर में पचास हजार से बेसी लोग बिटोर लिहल गइल आ ओकरा बाद बता दिहल गइल कि मनोज तिवारी के एक्सीडेण्ट हो गइल बा आ बहुते बुरी तरह से घवाहिल हो गइल बाड़े. एह चलते कार्यक्रम में ना आ पइहन.

मनोज तिवारी के प्रवक्ता शशिकान्त सिहं बतावत बाड़न कि बदलापुर में कृष्णा इस्टेट का लगे मनोज तिवारी से संपर्क कइले बिना १९ जनवरी का दिने भजन संध्या के आयोजन कइल गइल रहे. शहर में पोस्टरो लगा दिहल रहे आ जब बड़हन भीड़ जुट गइल त आयोजकन के होश आइल कि लऽ मनोज तिवारी से त बाते नइखे भइल. ओकरा बाद मनोज तिवारी के एक्सीडेन्ट के खबर उड़ा दिहल लोग. एह बात से मचल हड़कम्प में कुछ लोग रोवे लागल त कुछ लोग फोन कर के संपर्क कइल त पता चलल कि आयोजकन के धोखाधड़ी बा सब कुछ.

मनोज तिवारी अपना प्रशंसकन से अपील कइले बाड़े कि अइसनका धोखेबाजन से सावधान रहे लोग. साथे साथ आयोजकन का खिलाफ कानूनी कार्रवाई करे पर विचार कर रहल बाड़न.


स्रोत : शशिकान्त सिंह