एन॰एन॰सिप्पी प्रोडक्शन के नया आगाज

N.N. Sippy सिल्वर स्क्रीन पर गुमनाम, वो कौन थी, फकीरा, पारस, देवता, कालीचरण, मेरी जंग, सिलसिला है प्यार का, आज का गुंडाराज, आग से खेलेंगे समेत सतरह से बेसी सफल फिल्म देबेवाला निर्माता एन॰एन॰सिप्पी के फिल्म निर्माण कंपनी एनएन सिप्पी प्रोडक्शंस पिछला दिने एगो नया आगाज कइलस जब एकर पहिलका भोजपुरी फिलिम मृत्यंजय के महुर्त मुंबई का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में धूमधाम से करावल गइल. एह फिलिम के निर्माता हउवें प्रवेश सिप्पी आ निर्देशक बाड़े जगदीश शर्मा.

भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ, रिंकू घोष, बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, संजय पाण्डे, आ गोपाल राय अभिनीत एह फिल्म का मुहुर्त पर पत्रकारन से बतियावत प्रवेश सिप्पी कहलन कि भोजपुरी सिनेमा के सफलता आ दिनो दिन बढ़त एकर लोकप्रियता उनको के भोजपुरी फिल्म बनावे खातिर प्रेरित कर दिहलस. कहलें कि मृत्युंजय मे लोग बहुते कुछ नया पइहें.

Muhurt of mrityunjayनिर्देशक जगदीश शर्मा के कहनाम रहे कि एन॰एन॰सिप्पी प्रोडक्शन के भोजपुरी सिनेमा निर्माण में आइल भोजपुरी खातिर गौरव के बाति बा. निरहुआ कहलें कि हिन्दी सिनेमा के समानान्तर खाड़ भोजपुरी सिनेमा के विकास के एगो अउरी कड़ी बनी प्रवेश सिप्पी निर्मित आ जगदीश शर्मा निर्देशित भोजपुरी फिलिम मृत्युंजय. एह मौका पर भोजपुरी फिल्मोद्योग के तमाम दिग्गज निर्माता निर्देशक समेत सगरी टीम के बधाई दिहलें.

मृत्युंजय के गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा. संगीत धनंजय मिश्रा के हऽ. लाईन प्रोड्यूसर आशीष गुप्ता हउवें. कथा पटकथा लिखले बाड़े नइम एजाज आ जगदीश शर्मा आ संवाद हवे सुरेन्द्र मिश्रा के. एक्शन राम शेट्टी के, नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता आ तेजस दत्तानी के, छायांकन राजू के॰जी॰ के आ प्रोडक्शण डिजायनर बाड़े सागर शु्क्ला. संपादन करीहें नासिर हकीम अंसारी.

मुहुर्त के नारियल खुद प्रवेश सिप्पी फोड़लन. मौका पर मौजूद दिग्गजन में शामिल रहलें जितेश दूबे, दुर्गा नटराज, श्याम बहादुर सिंह, कुमार मोहन, मुकेश पांडेय, वीरेन्द्र सिंह सोरान, नानू राजपूत, फारुक सिद्दीकी, जिमी, असलम शेख, बालि, मोनालिसा, कल्पना शाह, शुभम तिवारी, विक्रांत सिंह, जय सिंह वगैरह. एह साल के सबसे बड़हन भोजपुरी फिलिम मृत्युंजय के मुहुर्त अपना भव्यता का चलते लमहर समय ले याद राखल जाई.


स्रोत : शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा