सुदीप पाण्डेय के खुशी

Sudip Pandey भोजपुरी फिल्मन के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय के खुशी के ठिकाना नइखे. आ होखो त काहे ? पिछला महीना रिलीज भइल उनकर फिलिम बृजवा बहुते बढ़िया बिजनेस कइलस आ बड़हन बड़हन बैनर के उनकर कई गो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ. बृजवा में सुदीप के काम के बड़ाई हर तरफ भइल बा.

आजुकाल्ह संदीप पिछला साल के मशहूर फिलिम हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में फेम के निर्देशक अजय श्रीवास्तव के भोजपुरी फिलिम नथुनिया पे गोली मारे के शूटिंग कर रहल बाड़े. ओने छोटको परदा पर उनकर जलवा कायम हो रहल बा. डी डी वन पर सात वचन सात फेरे धारावाहिक सफलता के जश्न मना रहल बा. एकरा अलावे सुदीप के मिस्टर टाँगावाला, शराबी, आ भोजपुरी सुपर स्तार रविकिशन का साथ चंदू की चमेली बन रहल बिया.

सुदीप के पूरा विश्वास बा कि साल २०१० में उनकर एगो निकहा मुकाम होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त