यादव पान भण्डार पर मनोज तिवारी आ जीतेश दूबे

Manoj Tiwari and Jitesh Dubey भोजपुरी सिनेमा के दू गो दिग्गज, नंबर वन निर्माता जीतेश दूबे आ मेगा स्टार मनोज तिवारी, भोजपुरी फिलिम यादव पान भण्डार खातिर पहिला बेर एक साथे जुड़ल बा लोगॆ मनोज तिवारी एह फिलिम में पनवाड़ी का भूमिका में दर्शकन के दिल जीतिहन त भोजपुरी के माइण्ड ब्लोविंग फिलिम धर्मवीर, मुन्नी बाई नौटंकीवाली आ बृजवा जइसन फिलिमन के निर्माता जीतेश दूबे एकर निर्माण करीहन.

जीतेश दूबे के कहनाम बा कि मेगास्टार मनोज तिवारी का साथे काम कइल उनकर एगो सपना रहुवे जवन यादव पान भण्डार से पूरा होखे जा रहल बा. ई फिलिम जीतेश दूबे के कंपनी कृष्णा क्रियेशंस बनावे जा रहल बिया. मनोजो तिवारी एह फिलिम के ले के बहुते उत्साहित बाड़न. कहलन कि पहिला बेर कवनो फिलिम में पनवाड़ी के भूमिका करे जा रहल बाड़न. जीतेश दूबे के तारीफ करत मनोज कहलन कि जीतेश के फिल्म बनावे के तौर तरीका उनुका बहुते अच्छा लागेला. आ बहुते खुशी से उनका साथे जुड़ल बाड़े.

मनोज तिवारी आ जीतेश दूबे के एक साथ जुड़ल भोजपुरी फिल्म उद्योग खातिर एगो शुभ संकेत मानल जा रहल बा. फिलिम जल्दिये सेट पर जाये वाली बा. कहल जात बा कि जइसे धर्मवीर, मुन्नी बाई नौटंकीवाली, आ बृजवा सफलता के इतिहास रचली सँ वइसहीं इहो फिलिम एगो इतिहास रच दीहि.


स्रोत : शशिकान्त सिंह