पायल खाली खनकबे ना करी, डरवाइबो करी

Rani Chatterji in Payal भोजपुरी फिलिम पायल का बारे में कहल जात बा कि अतना डरवावन फिलिम आजु ले भोजपुरी में नइखे बनल. रानी चटर्जी एह फिलिम में चुड़ैल का भूमिका में बाड़ी. निर्माता जे॰पी॰सिंह के हॉरर फिल्म पायल कतना डरवावन बा एकर अन्दाजा एही से लगावल जा सकेला कि राजपिपला में शूटिंग करत यूनिटो डेरा गइल. गुरुजी फिल्म्स इन्टरनेशनल का बैनर में निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह सिहं के एह डरावनी फिल्म के निर्देशित करत बाड़े नंद किशोर महतो.

पायल में रानी चटर्जी का साथ नायक का भूमिका में विक्रांत सिंह बाड़न जे मुन्ना बजरंगी से बढ़िया चर्चा बिटोरले रहन. साथ में नीलिमा सिंह, के के गोस्वामी, सीमा सिंह, अवधेश मिश्रा, गोपाल राय, आ जय सिंह बावे लोग. जय सिंह के भूमिका चउँकावे वाली बा. निर्माता जेपी सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो पायल से बहुते उत्साहित बा लोग आ ओह लोग के कहना बा कि ई फिल्म हॉरर मूवी ना हो के हॉरर रोमांटीक फिल्म हियऽ जवना में सफलता के सगरी फार्मूला डालल बा. निर्माता जेपी सिंह एकरा पहिले गइल भईंसिया पानी में फिलिमो से बहुते चर्चा में रह चुकल बाड़न.

पायल के गीत आ कहानी जहाँगीर आरजू के लिखल बा आ संगीत धनंजय मिश्रा के ह. एक से बढ़ के एक रोमांटीक गाना वाली एह फिल्म से सिल्वर स्क्रीन पर हॉरर फिलिमन के नया दौर शुरु हो जाई आ सफलता के एगो अउरी फार्मुला बताई पायल. निर्देशक नंद किशोर महतो के कहना बा कि जब जहाँगीर आरजू एह फिलिम के कहानी सुनवलन त हमनी का चउँक गइनी सँ काहे कि भोजपुरी में आजु ले अइसन फिलिम नइखे बनल. नायक विक्रांत सिंह कहऽतारें कि एह फिलिम में काम करके बहुते मजा आइल जबकि रानी चटर्जी के कहना बा कि जे उनका के मुन्नीबाई का रुप में देखले बा ऊ चुड़ैल बनल देख के चउँकबो करी आ डेराइबो करी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह