फिल्मी हलचल

जून का दूसरका पखवारा में प्रशान्त निशान्त के भेजल प्रस्तुति

बेटा के मुहुर्त हो गईल

जेसको इन्टरटेनमेंट का बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम बेटा के मुहुर्त कुछ दिन पहिले छपरा में पूर्व कला आ संस्कृति मंत्री श्री जनार्दन सिंह सिग्रीवाल का हाथे भईल. निर्माता अजीत गुप्ता के एह फिलिम के निर्देशक नसीम अख्तर बाड़े. मुख्य किरदारन में प्रसिद्ध लोक गायक अजीत आनन्द का साथे रानी चटर्जी, मुकेश खन्ना, जॉनी लीवर, उपासना सिंह, उदय नारायण, दिलीप सिन्हा आ अक्षिता बा लोग. गीत दक्ष निरंजन, शंभू आ वेद पाठक के आ संगीत राजू मिश्रा के रही. निर्माता अजीत गुप्ता कहलें कि फिलिम के शूटिंग सितम्बर में शुरु होखी.

खटाईलाल मिठाईलाल के दूसरका शेड्यूल खतम

चुन्नू मेहरा फिल्म्स का बैनर तले बनत यशि फिल्म्स आ अभय सिनंहा के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम खटाईलाल मिठाई लाल के दूसरका शेड्यूल कुछ दिन पहिले मुंबई का विणिन्न लोकेशनन पर पूरा कईल गईल.

देव पाण्डे का निर्देशन में बनत एह फिलिम में रवि किशन खटाईलाल का भूमिका में आ विजय आनन्द मिठाईलाल के भूमिका में बाड़न. बाँके तिवारी का भूमिका में सुशील सिंह बाड़े. दोसर मुख्य किरदारन में मोनालिसा, लवी रोहतगी, ब्रजेश त्रिपाठी, महेश राज, गोपाल राय, आलोक यादव बाड़ें. विनय बिहारी के लिखल गीतन के धनंजय मिश्रा सुर में बन्हले बाड़े. नृत्य निर्देशन रिक्की गुप्ता के बा आ कहानी आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल बा. फिल्म के प्रचार के जिम्मा प्रशान्त निशान्त के मिलल बा.

मुन्ना बजरंगी के जोरदार शुरुआत

भोजपुरी फिलिमन के इतिहास में अबले बनल सबले महँग एक्शन फिलिम मुन्ना बजरंगी पिछला पखवारा बिहार झारखण्ड में रिलीज कईल गईल. बाक्स आफिस के रिपोर्ट बा कि फिलिम के जोरदार शुरुआत भईल बा आ दर्शकन के रिस्पान्स बहुते सकारात्मक बाटे. रीना एन पासी निर्मित एह फिल्म के निर्देशन के डी कइले बानी. निखिल इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिलिम में सभ मसाला सही अनुपात में बा जवना से दर्शकन के भरपूर मनोरंजन हो रहल बा. फिल्म के प्रदर्शक डा॰ सुनील कुमार आ ट्रेड पंडितन के कहनाम बा कि फिलिम निमन व्यवसाय करी.

फिलिम के मुख्य किरदारन में सुशील सिंह, विक्रांत सिह, पून म सागर, प्रकाश जैस आ अनिल यादव बाड़े.

भोजपुरी सिनेमा के अभिमन्यु बनलन सुदीप पाण्डेय

भोजपुरी फिलिमन के एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय आजु कवनो परिचय के मोहताज नईखन. अपना पहिलके फिलिम भोजपुरी भईया से रातो रात युवा दिलन के धड़कन बन चुकल सुदीप के हालही में बनारस में संपन्न ईटीवी भोजपुरी सम्मान समारोह २००८ में अभिमन्य सम्मान से नवाजल गईल. पुरस्कार भोजपुरी सिनेमा के दू गो महारथियन रवि किशन आ मनोज तिवारी का हाथे दिहल गईल. सुदीप पाण्डेय के ई पुरस्कार सबले लोकप्रिय नया चेहरा खातिर दिहल गईल. बेस्ट आफ लक सुदीप. आगहूँ निमन करबऽ ईहे उम्मेद बा.