Welcome to the First Bhojpuri Magazine on the net.

Home

The Book


Tasveer Jindgi Ke

The Poet

A complete book : Tasveer Jindgi Ke

This collection of Gazals by Bhojpuri Poet Manoj Bhawuk was awarded the "Bhartiya Bhasha Parishad Samman 2006".

Anjoria is pleased to offer this book as a whole to it's readers.


Your Ad Here


Anjoria is the First Bhojpuri Magazine on the net and we are proud of it!

तस्वीर जिन्दगी के

(भोजपुरी गजल संग्रह)

मनोज 'भावुक'


32

निश्छल, निर्मल, कल-कल, छल-छल,
झरना जइसन मन दे दीं
देबे के बाटे भगवन तऽ,
फेरू ऊ बचपन दे दीं

हीरा-मोती, सोना-चानी,
गाड़ी-बंगला ना चाहीं
बस एगो छत, छत के नीचे,
खुला-खुला आँगन दे दीं

लिपटे भले भुजंग, अंग विष,
व्यापे ना, हे राम कबो
अइसन अमृत जइसन मन
आ चंदन जइसन तन दे दीं

दिल में उनका पत्थर बाटे,
पत्थर में भी काई बा
अब ओह पत्थर के जगहा दिल,
दिल में कुछ धड़कन दे दीं

लाल खून बा रोड प पसरल,
नीला तन के भीतर बा
एह आलम में चक्र-सुदर्शन
लेके अब दर्शन दे दीं

जे हमरा के समझ सके,
हमरा के मन से अपनावे
अइसन केहू मिले त हम,
ओकरा के दिल आपन दे दीं.

===

< < List | <Back | Next>