एगो पुरान कहानी के बदलल रूप

चिउँटी के अन्याय का खिलाफ समाजवादी चेतना के उभार

- लोकनाथ तिवारी

चिउँटी तड़तड़ात गरमी में खट के आपन घर बना लेत बिया आ जाड़ा खातिर सामान बटोरत लेत बिया.

ग्रासहॉपर सोचत बा कि चींउटी बेवकूफ हियऽ आ भर गरमी खेल आ मस्त में बिता देत बा.

जाड़ा आवऽता त चींउटी अपना गरम घर में मजा से खात पियत बिया. ग्रासहॉपर बिना खइले पियले जाड़ में ठिठुर के मर जात बा.

हिन्दुस्तानी संस्करणः

कहनिया उहे बा बाकिर अन्त दोसर बा.

ग्रासहॉपर प्रेस कान्फ्रेंस बोलावत बा आ माँग करत बा कि उ कहाँ के न्याय हऽ कि चिउँटी त आराम से खाये पिये आ दोसर लोग भूखे मरे.

अगिला दिने टीवी चैनल पर ब्रेकिंग न्यूज में बस इहे बा. एक तरफ जाड़ा से कँपकँपात ग्रासहॉपर आ दोसरा तरफ अपना गरम घर में भोजन का भण्डार का साथे चिउँटी के फोटो चलावल जात बा. पूरा दुनिया स्तब्ध रह जात बा. ई अन्याय साँचहू बर्दाश्त करे लायक नइखे.

अरुंधती राय चिउँटि का घर का सोझा प्रदर्शन करत बाड़ी.

मेधा पाटकर कुछ आउरी लोगन के साथै भूख हड़ताल पर बईठ जात बाड़ी आ माँग करत बारी के ग्रासहॉपर के जाड़ा में गरम आरामदायक जगहा पर पुनर्वासित कईल जाव.

मायावती कहत बाड़ी ई कमजोर बहुजन समाज का साथ अन्याय बा.

अमनेस्टी इंटरनेशनल आ कोफी अन्नान भारत सरकार के आलोचना करत बा कि उ ग्रासहॉपरन के मौलिक अधिकार के रक्षा नईखे करऽत.

इन्टरनेट पर आनलाइन पीटीशन बटोरात बा. कहल जात बा कि समर्थन दिहला पर मिली स्वर्ग आ शाश्वत शान्ति, आ विरोध कईला पर भगवान के श्राप.

विरोधी दल के सांसद एह मामिला पर संसद से वाकआउट कर जात बाड़न जा. वाम दल जुडिशियल इन्क्वायरी के माग करऽत बंगाल आ केरल बन्द के एलान कर देत बाड़े.

केरल में माकपा सरकार तुरते कानून पास कर देत बिया कि गरमी का मौसम में चिउँटी ढेर मेहनत ना कर सके जेहसे कि चिउँटी आ ग्रसहापर में गरीबी के समानता ले आवल जा सके.

लालू प्रसाद हर रेल गाड़ी में ग्रासहापरन खातिर एगो कोच आरक्षित करा देत बाड़न आ कुछ गाड़ियन के नाम ग्रासहापर रथ रख देत बाड़े.

अन्त में जुडिशियल कमीशन ग्रासहापरन का खिलाफ अन्याय रोके वाला कानून पोटगा पास करवा देत बा.

देश भर के शिक्षण संस्थानन में अर्जून सिहं ग्रासहापरन खातिर विशेष आरक्षण के घोषणा कर देत बाड़न.

चिउँटी पर पोटगा के उल्लंघन के आरोप में जुर्माना लगा दिहल जात बा. ओकर संपत्ति आ घर जब्त कर लिहल जात बा आ एगो विशेष समारोह में टीवी चैनलन का जीवन्त प्रसारण का बीच ऊ घर ग्रास हॉपर के सँउप दिहल जात बा.

अरुन्धती राय एकरा के न्याय के जीत बतावत बाड़ी.

लालू समाजवादी न्याय कहत बाड़न.

वाम दल एकरा के दलितन के क्रान्तिकारी पुनरुत्थान घोषित कर देत बाड़े.

काफी अन्नान ग्रॉसहापर के नेवता देत बाड़े कि आ के संयुक्त राष्ट्र महाधिवेशन के संबोधित करऽ.

बहुत दिन बाद सुने में आवत बा कि

चिउँटी अमेरिका चल जात बिया आ सिलिकान वैली में करोड़ो कें कम्पनी खोल लेत बिया.

एने हिन्दुस्तान में हजारो हजार ग्रासहॉपर हर साल तमाम आरक्षण आ सकॠरकारी अनुदान का बावजूद मरत रहत बाड़े.

कड़ा मेहनत करे वाली चिउँटियन के ब्रेन ड्रेन का चलते हिन्दुस्तान अबहियों विकासशीले देश कहात रहत बा!!!

कोलकाता से पत्रकार लोकनाथ तिवारी जी के भेजल इमेल के अनुवाद.

Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

loknath :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com