- राजकुमार तिवारी "मधुर"

भोजपुरी गायक आ गीतकार

भाषा भोजपुरी के करी का बखान हम
चमकेला चम चम चहु ओरे भोजपुरिया
मथवा पगरिया, लउरिया रहे हथवा में
जाने ला मरे नाहीं डरे भोजपुरिया

जतने बलवान विद्वान आ महान हवें
ओतने दयावान आ जवान भोजपुरिया
हिन्द के शान, पहिचान सगरे धरती पर
मधुर ज्ञान के खदान भोजपुरिया.