हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

शैलेश मिश्र

*** कृष्ण जन्माष्टमी २००८ ***

गोपियन के संगे खेलस कन्हैया
मधुर राग में बजावस बँसुरिया
मथुरा द्वारिका जगमगास सहरिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

मैया यशोदा से कान्हा पावस दुलरिया
मटका फोडके मुस्कास बहरिया
केतना दिन ले छिपी माखन के चोरिया
बाल-लीला से गूँजे सौंसे नगरिया

देवकी-बासुदेव के दिनवा भईल अँजोरिया
कन्स-उत्पात से भरल पाप के गगरिया
नकवा से चना चबावे शक्ति असुरिया
कन्हैया नचावस अब सौंसे नगरिया

बरखा से बचावास गोकुल नगरिया
अंगूरी पे उठाई के गोबर्धन पर्बतिया
इन्द्र के प्रकोप के ना भईल असरिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

सोहर गीत गावें मिलके ब्रजबसिया
अष्टमी के बाँटे सब मेवा आ बुनिया
जय गोपाल जय माधव गूँजे गिरिधरिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

कालिया नाग से लपटस श्यामल सरिरिया
पबित्र भईल जमुना जब निकलल जहरिया
जैसे ही प्रभु-माया के मिलल खबरिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

गुरु संदीपनी से लेस ज्ञान गिरिधरिया
बन्धु सुदामा से निभावस् मैतिरिया
चौसठ कला जानस मोहन मुरलिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया

नरकासुर से मुक्त कईलन सोलह सौ रनिया
बनल सब कान्हा के शरण में पटरनिया
राधा-रुक्मणि-सत्यभामा भी उनकर दिवनिया
बंसीधर के धुन में धुनाय सौंसे नगरिया

गीता उपदेश से बान्धस अर्जुन के धीरजिया
दुष्टन के ना छोड़स सुदर्शन चक्रधरिया
द्रौपदी पर जब-जब आवे आफत संकटिया
कृष्णलीला के हल्ला से चौंके नगरिया

द्वापर जुग के हे! विष्णु अवतरिया
भक्त के पुकरवा सुनिह कुंज-बिहरिया
सबके इच्छा पूरा कर गोविन्द गिरिधरिया
हरे कृष्ण बोले सौंसे नगरिया ||


शैलेश मिश्र
डैलस, टैक्सस, अमेरिका
२२ अगस्त २००८

चेन्नई में जनमल शैलेश मिश्र हिन्दी आ भोजपुरी भाषा के लेखक कवि हउवन; भोजपुरी असोसिएशन ऑफ़ नॉर्थ अमेरिका के संस्थापक आ अध्यक्ष हउवन; भोजपुरी के प्रसिद्ध सोशल नेटवर्क - भोजपुरीएक्सप्रेस.कॉम के सृजनकर्ता हउवन. लेखक मूलतः बलिया जिला के डांगरबाद गाँव से जुड़ल बाड़े आ आजुकाल्ह अमेरिका के डैलस शहर (टेक्सास) में कंप्यूटर सॉफ्टवेर इंजिनियर बाड़े. ई-मेल संपर्क : smishra@gmail.com