हमार दिवाली आईल

शैलेश मिश्र

हमार दिवाली आईल

दियरी बहुत जलवनि हम
सुतरी तेल में भिजवनी हम
जब मनवा में उजियार भईल
तब हमार दिवाली आईल.

फुलझडी बहुत जलवनि हम
पटाखा ढेर बजवनि हम
जब लइकन के कन-कन सुनाईल
तब हमार दिवाली आईल.

मिठाई-पकवान बहुत खईनी हम
चीनी- चाशनी खूब चटनी हम
जब औरन के लड्डू खियवनी
तब हमार दिवाली आईल.

पूजा-पाठ बहुत कईनी हम
मन्दिर-धाम बहुत घूमनी हम
जब परिवार में सुख के दिन आईल
तब हमार दिवाली आईल.

नौकरी-चाकरी बहुत कईनी हम
नोट-रुपिया बहुत कमयिनी हम
जब लक्ष्मी के बरसात भईल
तब हमार दिवाली आईल.

पढाई-लिखाई बहुत कईनी हम
स्कूल-कॉलेज बहुत गईनी हम
जब पहिला तनख्वाह मिलल
तब हमार दिवाली आईल.

अमावस मिलन बहुत देखनी हम
अगुवाई बहुतन के कईनी हम
जब आपन बियाह के रिश्ता आईल
तब हमार दिवाली आईल.

सहर-देश-बिदेस घूमनी हम
दुनिया के चक्कर कटनी हम
जब माटी के सोन्ह महक मिलल
तब हमार दिवाली आईल.

हिन्दी-तमिल-तेलुगु सुननी हम
इंग्लिश-फ्रेंच-जर्मन भी झेलनी हम
जब कनवा में "भोजपुरी" सुनाईल
शैलेश, तब हमार दिवाली आईल.


शैलेश मिश्र
डैलस, टैक्सस, अमेरिका
२७ अक्टूबर २००८

चेन्नई में जनमल शैलेश मिश्र हिन्दी आ भोजपुरी भाषा के लेखक कवि हउवन; भोजपुरी असोसिएशन ऑफ़ नॉर्थ अमेरिका के संस्थापक आ अध्यक्ष हउवन; भोजपुरी के प्रसिद्ध सोशल नेटवर्क - भोजपुरीएक्सप्रेस.कॉम के सृजनकर्ता हउवन. लेखक मूलतः बलिया जिला के डांगरबाद गाँव से जुड़ल बाड़े आ आजुकाल्ह अमेरिका के डैलस शहर (टेक्सास) में कंप्यूटर सॉफ्टवेर इंजिनियर बाड़े. ई-मेल संपर्क : smishra@gmail.com