रविकिशन के पन्ना

नया संकल्प का साथ करीं नया साल के स्वागत

Ravi Kishan : Baadshah of Bhojpuri Cinema

साल २००८ के अलविदा कहिके हमनी का २००८ में जा रहल बानी जा. वइसे त साल २००८ हमनी के देश खातिर कई गो दुखद घटना के साक्षी बनल बाकिर खुशी बा कि एह दुखद तूफान में मानवीयता के भावना उभर के सामने आ गईल. लोग का मन में ओह हादसन के कसक त बा बाकिर ई जिवन के रीत मान के लोग ओकरा के भूलावहूं में लागल बा. आज जब हम साल २००८ के ईयादन के किताब के पन्ना पलटत बानीं तब मन दुखी बा. दक्षिण अफ्रिका में लक के शूटिंग करत रहीं त ओहिजा एगो छोटहन खबर पढ़नी कि बिहार में बाढ़ आ गईल बा. बिहार त हर साल बाढ़ के प्रकोप झेलेला से हम एह खबर पर कवनो खास धेयान ना दिहनी बाकिर रोज का तरह साँझ खा मुंबई फोन कइनी त पता चलल कि अबखी के बाढ़ बड़ा भयावह बा. बिहार के हर इलाका हमार जानल चिन्हल हऽ काहे कि हमार अधिकतर भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग ओहिजे भईल बा भा कहीं त रवि किशन के भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार बिहारे के लोग बनवले बा. बिहारवासी हमरा के जवन करजा दिहले बाड़न तवना के उतार पावल त संभवे नइखे काहे कि प्यार, लगाव, अपनापन के करजा उतारल केहू का बस में ना होखे. शूटिंग बीचहीं में छोड़ के एक दिन खातिर बिहार गइल रहनी. लोग से भेंटो भईल बाकिर खुशी त बाँटल जा सकेला दुख ना बँटाव. काहे कि जेकरा पर बीतेला उहे जाने ला. जाने ली चिलम जिनका पर चढ़ेला अँगारी. खैर पूरा देश जवना तरह बिहार के मदद खअतिर हाथ बढ़वलसि ओहसे पूर्वी बिहार के जिनिगी जल्दिये पटरी पर आ गइल. हम बिहारो सरकार के एकरा खातिर खास तौर से धन्यबाद देत बानी.

साल २००८ के एगो आउरी दुखद घटना से मुंबई वाला लोग पिछलहीं महीना रूबरू भईल रहे लोग जवना के पीड़ा पूरा देश झेललस. जवना समय मुंबई पर आतंकी हमला भईल हम केरल में शूटिंग करत रहीं. घटना का अगिला दिन २७ नवम्बर के पूरा यूनित उदास रहे. खुद मणिरत्नमो के मन शूटिंग में ना रहे. एहसे ओह दिन के शूटिंग रद्द कर दिहल गईल. ओह हमला में शहीद जवानन के शहादत के हम सलाम करत बानी साथही रेल पुलिस के जिल्ले यादव के नमन करत बानि जखाली एगो लाठी का सहारे हमलावरन के सात मिनट ले अझुरवले रखलन. जिल्ले यादव ई साबित कर दिहलन कि अगर इंसान में जज्बा होखे त कवनो मुसीबत ओकर कुछुवो ना बिगाड़ सके. हमार ईच्छा बा कि मुंबई आ के मुंबई के सिपाही ओह भोजपुरिया जवान से भेंट करीं. रवि किशन उनका बहादुरी जज्बा आ हिम्मत के सलाम करत बा.

जहाँ तक साल २००८ में हमरा फिल्मी सफर के बात बा त ६ साल हमरा खातिर खास माने राखत बा. एह साल हम पूरा साल काम में बाझल रहल बानी. हिन्दी फिल्म इन्डस्ट्री हमरा के हाथो हाथ उठा लिहले बा. हम दुनिया के सर्वश्रेष्ठ फिल्मकारन में आपन मुकाम बनावे वाला श्याम बेनेगल, आ मणिरत्नम के फिलिमन में खास किरदार निभअ रहल बानी. मणि सर के रावण में हमार किरदार अभिषेक बच्चन के छोट भाई के बा. एह फिलिम में एश्वर्या राय आ दक्षिण के सुपर स्टार विक्रमो बाड़न. ओही तरह लक में हमरा साथ इमरान खान, श्रुति हसन, मिथुन चक्रवर्ती आ संजय दत्त बाड़न जा. आजु हम अन्ना सुनील शेट्ती का होम प्रोडक्शन पॉपकार्न इंटरटेनमेंट का लगभग हर फिलिम में कामकर रहल बानी. आजुकाल्ह हिन्दी के हमार आठ गो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सन आ सब के सब मल्टी स्टारर आ बड़ बजट के बाड़ी सन.

जहाँ तक भोजपुरी सिनेमा के बात बा त एह साल रिलीज भईल भोजपुरि फिलिमन में से बीस फीसदी हमार फिलिम रहली सन आ ओहमें से अधिका सफल साबित भईल बाड़ी सन. अंतिम रिलीज भईल फिलिम बिदाई त हालही में आपन पचासवां दिन पूरा कइलस हा. एकरा अलावा धरमवीर, विधाता, आ ए बलम परदेसी ओ के बढ़िया सफलता मिलल बा. एहिजा हमबिदाई के जिक्र जरूर करब काहे कि एह फिलिम के मेहरारू खूब पसन्द कइले बाड़ी सन आ एको लमहर अरसा बाद बिहार में मेहरारूवन के झुण्ड के झुण्ड एह फिलिम के देखे आ रहल बा जवन भोजपुरी सिनेमा खातिर एगो निमन संकेत बा. पटना के एगो वरिष्ठ पत्रकार हमरा के बधाई देबे खअतिर फोन कइलन आ कहलन कि रविजी बधाई हो, राउर बादशाहत दूहजार आठो में बरकरार बा. हम जवन जवाब दिहनी ओकरो जिक्र कईल जरूरी बा. हम कहनी कि हम नम्बर वन का रेस में कहियो ना भगनी ना भागेम. हमार सुभावे नइखै कि हम अपना के बड़ समुझीं. भोजपुरी हमार मातृभाषा हऽ. हमा अपना माई बाबूजी से एही भाषा में बात करेनी एह चलते हम बुढ़ौती ले भोजपुरी के सेवा करत रहेम. ई दर्शकन के प्यार बा जवन हमार भावना के कदर करत हमरा फिलिमन के खास तौर से पसन्द करेलन.

बात अगर २००८ के होत बा त बिहार सरकार के एगो घोषणा के जिकिर कइलो जरूरी बा. रउरा सभे के मालूमे होखी कि बिहार सरकार पटना राजगीर रोड पत २०० करोड़ का लागत से भोजपुरी फिल्म सिटी बनावे के एलान कइले रहुवे. अफसोस ई घोषणा हवाबाजी बन के रह गईल आ आजु एह मुद्दा पर केहू बातो करे के तईयार नइखे. आशा करत बानी कि नयका साल में बिहार सरकार एह पर कवनो ठोस कदम उठाई.

चलत चलत एगो आउरी बात के जिक्र कर दीं. मणिरत्नम के फिलिम रावण खातिर हम आपन वजन पनरह किलो कम कर लिहले बानी. एह फिलिम में रउरा सभे हमार एगो नया रूप देखब. अगिला साल के फिलिमन के चरचा अगिला हफ्ता करब. तबले हमार प्रार्थना बा कि नया साल में एगो नया संकल्प लिहलजाव कि चाहे कुछूवो हो जाव हमनी का आपन एका, अखण्डता आ भाईचारा पर आँच ना आवे देहब जा. दुश्मन के निगाह हमनी का देश पर टेढ़ बा, बाकिर हमनी का एकजुट रहब जा त भारत माता का छाती पर खड़ा हो के आतंक के नंगा नाच कइल त दूर, एह बारे में सोंचहूँ का पहिले दुश्मन हजार हालि सोची. आखिर में रउरा सभै के नया साल के हार्दिक शुभकामना देत राउर रविकिशन रउरा सोझा फेर अगिला अतवार के आई.

राउरे,
रविकिशन