भोला बाबू

तू ना नू बुझबऽ.

भोला बाबू से उड़ीसा आ कर्नाटक वगैरह में चल रहल झंझट का बारे में बात कइनी त ऊ परा दोष बजरंग बली के दे दिहलन.

कहलन कि बजरंग बली से पहिलहीं से हमनी का परेशान रहनी हा जा अब ऊ आपन दले बना लिहले बाड़े.

पहिले से का परेशानी रहल हा भोला बाबू ?

बजरंग बली सब ले बड़हन भूमि हड़प हउवन. जहवें मन करेला तहवें आपन गदा सदा ले के खाड़ हो जाले आ सरकार के कगरिया के सड़क निकाले के पड़ेला.

कहनी कि रउरा त खाली बजरंगे बली लउके लन. दोसरो लोग त जहाँ तहाँ सरकारी जमीन पर धर्मस्थल बना लिहले बा. ओह लोग का खिलाफ काहे ना बोले नी ?

तू ना नू बुझबऽ. ऊ लोग के निकहा वोट बैंक बा जवना से हमनी के नियमित वोट मिलल करेला. ओह लोग का खिलाफ बोले के रहित त काश्मीर से लाखो ले बेसी पंडितन के भगावे थोड़े दिहल जाईत ?

सिमी से त रउरा परेशानी ना होला, बजरग दल से काहे ?

सिमी के त पहिलहीं बैन कर दिहले बानी सन. बजरंग दल वाले आतंकी त ना हउवन बाकिर हमनी के आतंकित कर दिहले बाड़े. अगर समय रहते ओकनी पर काबू ना पावल गईल त फेर हिन्दूवनो में उग्रवाद पसर जाई आ तब हमनी के वोट बेंक पर खतरा आ जाई. अरे जब पूरा संसार में कतहीं कवनो हिन्दू देश नइखे त एहिजे काहे बनावल चाहत बाड़े सन ?