जीजा जी के जय हो के मुहुर्त भइल
भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेता पंकज केसरी के शानदार अभिनय से सजे के तइयार भोजपुरी फिलिम जीजा जी की जय हो के संगीतमय शूरुआत पिछला दिने मुंबई के आर्यन स्टूडियो में कइल गइल. निर्मला आर्ट इंटरनेशनल का बैनर तरे बने वाली एह फिलिम के निर्माता अमित श्रीवास्तव आ निर्देशक सूरज शाह बाड़े. फिलिम के टाइटिल किरदार जीजा जी बनल बाड़े पंकज केसरी आ उनका साथे बाड़ी पूनम सागर. फिलिम में लोक गायक छोटू छलिया, मनोज टाइगर, स्वीटी दत्तानी, रोहणी कपूर, अरविंद अकेला कल्लू, नवोदित अभिनेता दीपक मिश्रा आ असफाक मुख्य किरदारन में बा लोग.
जीजा जी की जय हो के गीत लिखत बाड़े एस कुमार आ संगीत निर्देशन दीहें जयन्त आर्यन. मुहुर्त का अवसर पर आदर्श जैन, राजू, पिंटू बाबी सिहं, गुलशन राजा वगैरह उपस्थित रहले.
स्रोत : पटना आ मुंबई से प्रशान्त निशान्त