जुनियर निरहुआ का संगे पाखी के ठुमका

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Pravesh Lal Yadav releases his first Music Album

बड़ भाई दिनेश लाल निरहुआ का नक्शे कदम पर चलत उनकर छोट भाई प्रवेशलाल यादव फिल्म संगीत का दुनिया में आ गइल बाड़न. भोजपुरी गीत संगीत के नया निकलल वीडियो अलबम एगो चुम्मा पे दे देब जान...में प्रवेशलाल यादव भोजपुरी सिनेमा के स्टार अभिनेत्री पाखी हेगडे का साथ ठुमका लगावत लउकिहन.

अबहीं कुछे दिन पहिले मुंबई में जारी भइल एह वीडियो अलबम से प्रवेशलाल यादव आपन अलग कैसेट निकलले बाड़न. नौ गो गीतन के एह अलबम में प्रवेशलाल के आवाज का साथ साथ उनकर अदाकारीओ देखे के मिली. एहमें उनका साथे खुशबू जैनो के आवाज के जादू सुनेवालन के मोहित कर दीहि. एगो गाना में बड़ भाई दिनेशलाल यादव निरहुओ आपन आवाज दिहले बाड़े.

गीत प्यारे लाल यादव आ श्याम देहाती के लिखल बाड़ी स आ संगीत अजय प्रसन्ना के बा.

आशा कइल जाव कि ई अलबम गली गली सुने के मिलल करी आ लोकप्रिय हो के प्रवेशलाल के स्वागत करी

निमन कहानी वाला फिलिम में काम करे के बा

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Chhotu Chhaliya want to work in good films.

गायक बनि के भोजपुरी सिनेमा में अइला का बाद अपना अदाकारी से लोकप्रिय बने वाला भोजपुरी कलाकारन का सूची में एगो आउरी नाम जुड़ गइल बा.

आरा के एगो गांव से फिल्मी दुनिया के मायानगरी में आवे वाला भोजपुरी गायक छोटू छलिया अब नायको का रुप में लउके लागल बाड़े. हाय रे ओठ लाली फिलिम से रातो रात स्टार बन जाए वाला छोटू छलिया के पसन्द निमन कहानी वाला फिलिम में काम करे के बा. ऊ ऽइसनका फिलिम में काम करे चाहेलें जवना के पूरा परिवार एक संगे बईठ के देख सको.

गायकी के आपन पहिलका प्यार बतावे वाला छोटू छलिया के भरोसा बा कि उनकर गाना पसन्द करे वाला लोग उनकर अदाकारिओ पसन्द करी आ उनुको के भोजपुरी स्टार हीरो बना दीहि. छोटू छलिया के दे द पिरितिया उधार पहिलहीं बाक्स आफिस पर सफल साबित हो चुकल बा, आजु काल्हु छोटू छलिया छैला बाबू तू बड़ा दिलदार बाड़ऽ हो, अंगपुत्र, बाबूजी वगैरह फिलिमन मे व्यस्त बाड़ें.

नाग नागिन के कहानी अब भोजपुरीओ फिलिमन में

स्रोत : प्रशान्त-निशान्त, पटना.

Abhishek-Kashmira as Nag-Nagin

नाग नागिन के कहानी पर बनल फिलिम दर्शकन के हमेशा अपना ओरि खींचले बा आ एकर आकर्षण कबहियों कम ना भइल. अब भोजपुरीओ फिलिमन में नाग नागिन के रोमांचक सीन देखे के मिली.

धर्मा इण्टरटेनमेन्ट का बैनर में बनल धर्मदास रमानी निर्मित आ राजकुमार आर पाण्डेय निर्देशित नाग नागिन फिलिम के टाइटिल किरदारन में कृष्णा अभिषेक आ कश्मीरा शाह काम कइले बाड़े. साथ में दोसरा मुख्य किरदारन में ब्रजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, संजय मनियर, उपासना सिंह, अयाज खान, धर्मा रमानी आ आइटम गर्ल संभावना सेठ के नाम लिहल जा सकेला.

विनय बिहारी के लिखल गीतन के धनंजय मिश्रा सुर में सजवले बाड़े त छायाकंन हीरा सरोज कइले बाड़े.

निर्माता धर्मा रमानी का कहनाम बा कि एह फिलिम में नया नया तकनीक के साहारा ले के रोमांचित कर देबे वाला एक से एक कारनामा फिल्मावल गइल बा जवना के मशहूर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय जी आउरी मजगर बान दिहले बाड़े.

नाग नागिन एही महीना रिलीज होखे वाली बा.