संगीत भोजपुरी पर लट्ठमार
१७ अक्टूबर से संगीत भोजपुरी चैनल पर लट्ठमार कार्यक्रम के शुरुआत हो रहल बा. लट्ठमार एगो गँवई लंठ हऽ जे चाय का दुकान चलावेला. बिहार के कटिहार जिला में चौकी हरिपुर गाँव के रहेवाला लट्ठमार फिलिम, संगीत, आ गप्पबाजी के शौकीन हऽ आ हर मसला पर बतकुच्चन करे के तइयार रहेला. अपना चाय का दुकान में ऊ लाठी ले के आराम से बईठेला आ अपना गाहकन से हँसी मजाक वाला अन्दाज में बतियावत रहेला. लट्ठमार के सपना हऽ सिनेमा में हीरो बने के आ भोजपुरी सिनेमा के बड़का प्रशंसक हऽ लट्ठमार. भोजपुरी सिनेमा उद्योग के सगरी किस्सा ओकरा मालूम रहेला. दोकान पर आवे वाला गाहकन का फरमाइश पर ऊ गीतो सुनावेला जवना पर हँसी मजाक का माहौल में लोग ओकरा साथे झूमत रहेला.
लट्ठमार का दोकान पर हर शनिचर के कवनो ना कवनो मशहूर फिलिम अभिनेता, निर्देशक, भा निर्माता आवत रहेलें जिनका के चाय पियवला का साथे साथ लट्ठमार ओह लोग के बखियो उधेड़त रहेला. ओह लोग के टंगड़ी खींचे के कवनो मौका ना छोड़े लट्ठमार आ अपना एह मेहमान के अनजाना पहलू ऊ आराम से सामने लिया देला.
अगर रउरा चाहीं त रउरो लट्ठमार से बतिया सकीलें ५८८८९०९ पर फोन कर के आ आपन सवाल आ निहोरा लट्ठमार का सोझा रख सकीलें. भोजपुरी सिनेमा के कवनो सितारा का बारे में रउरा जानकारी माँग सकीला भा अपना मनचाहा सितारा खातिर कवनो संदेश दे सकीला.
सोमार से सनिचर तक रोज साँझ साढ़े सात बजे से संगीत भोजपुरी चैनल पर रउरा लट्ठमार के देख सकीला. १७ अक्टूबर के दीवाली स्पेशल में भोजपुरी सिने अभिनेता विनय आनन्द आ रहल बाड़े लट्ठमार का दोकान पर. रउरो सही समय पर चहुँपल मत भुलायेम. बाकी दिन त लट्ठमार गीत आ डायलाग सुनाई बाकि सनिचर के सनिचर रउरा से भेंट करवाई कवनो ना कवनो मशहूर शख्सियत से अपना दोकान पर.
स्रोत : मीडिया वर्ल्डवाइड प्राइवेट लिमिटेड
(१६ जुलाई २००९)