भउजी हो

भउजी हो!

का बबुआ ?

अंतुले आ नवाज शरीफ में का अन्तर बा ?

दुनू जने पाकिस्तान का हित के बात कईले बाड़न. एक जने हिन्दुस्तान में रह के पाकिस्तान का फायदा वाला बात कहलन त दोसरका पाकिस्तान में रहते पाकिस्तान के फायदा के बात कईलस. पहिलका के अपना देश के हित के चिन्ता नईखे आ दोसरका अपना देश के हित खातिर परेशान बा.

बाकिर भउजी करकरे के हत्या का पाछा कवनो षडयंत्र के जांच करवावे में परेशानी का बा ?

परेशानी इहे बा कि हमनीओ का मना लिहम जा कि मुंबई हमला का पाछा कवनो हिन्दुस्तानिये रहुवे. अंतुले के चिन्ता एह बात के बा कि दोष पाकिस्तानी हमलावरन पर काहे डालल जा रहल बा, कवनो हिन्दुत्ववादी बकरा काहे नइखे खोजल जात.

एही चलते बुझात बा कि कांग्रेस दुविधा में पड़ल बा.

कांग्रेस का लगे कवनो दुविधा नईखे. ऊ अंतुले के हटाई ना. बस मामिला ठंढा हो जाये के इंतजार कर रहल बिया. अपना वोट बैंक के नाराज करे के बेंवत कांग्रेस में नईखे.

जाड़ा त मौसमो के पड़त बा. चलऽ रजाई ओढ़ल जाव.

भागेम कि ना !