भउजी हो

भउजी हो!

का बबुआ ? तीन हफ्ता बाद भउजी कइसे इयाद आ गइली ?

इयाद त तू हरमेस रहेलू भउजी. तोहरा के हम भुला सकीले का कबो ? आजु सोचनी कि तहरे हाथ से दही चिउड़ा खाईं.

बड़ा जतन से लाईओ बनवले बानी. सोचत रहनी कि का पता बबुआ जी अइहन कि ना. चलीं आ गइनीं निमन कइनी.

बाकिर भउजी लालू जी आज दही चिउड़ा कइसे खइहें ?

अरे ऊ जापानो में आपन इन्तजाम करा लिहन. गोटी फिट करे गइल बाड़े अतनो ना करिहन.

अइसन मत होखे कि कवनो जापानी उनुका से जोगाड़ टेक्नोलोजी खरीद लेव.

हमरा त दोसरे डर बा. दस दिन रहे के कह गईल बाड़न. देखम कहीं जापान के बिहार मत बना देसु. जापानियन के मालूम हो गइल उनुकर खासियत त जापान के एग बड़हन समस्या खतम हो जाई.

ऊ का भउजी ?

जनसंख्या के समस्या. ओहिजा लोग काम बेसी करेला बच्चा कम पैदा करेला. हमनी किहां लोग हर साले नया कैलेण्डर छापे का फेर मे रहेला.