भउजी हो

भउजी हो

का बबुआ ?

अबकी का गणतन्त्र दिवस परेड पर कुछ कहबू ना ?

का सुनल चाहत बानी ?

हमरा चहला से का ? तू बतावऽ.

सूर्य ग्रहण लागल रहुवे. देश के प्रधानमंत्री अस्पताल में भरती रहलन, आफिस में प्रधानमंत्री के काम देखे वाला केहू और रहे, अमर जवान ज्योति पर फूल चढ़ावे वाला केहू और.

अतना से काम ना चली. कुछ अउरी कह ऽ

कहे के मतलब कि देश के सरकार चलावे वाली संप्रग में अतनो बात साफ ना रहे कि एक आदमी के कार्यकारी प्रधानमंत्री बना देव.

बाकिर सैन्य ताकत के प्रदर्शन कइसन लागल ?

जनता त उहे देखल जवन देखावल गइल बाकिर समुझदार ऊ देखलन जवन कि शर्मनाक रहे.

से का भउजी ?

सगरी कार्यक्रम तीन घंटा से घटा के डेढ़ घंटा के कर दिहल गइल रहे. अपने घर में वर्जिस ना कर सकऽ त देह बनवला से का फायदा ?

बात त ठीके कहत बाड़ू भउजी.