प्यार ना ह, त का ह ?
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

सांझी के कोठा पर आवल
ढेला मार के हमके बुलावल
प्यार ना ह, त का ह ?

बंगला-बगान में
घर अउरी दुकान में
खेत-खलिहान में
हमके सतावल
प्यार ना ह, त का ह ?

गोबर के पथाई में
मड़ई के रंगाई में
तेल अउरी कढ़ाई में
दही के मलाई में
मन बहलावल
प्यार ना ह, त का ह ?

ओला-पाती के खेल में
रहेठा के जेल में
लाठी के रेल में
पानी के तेल में
बेर-बेर रूलावल
प्यार ना ह, त का ह ?

कापी-किताब में
खरीदारी के हिसाब में
प्राइवेट जॉब में
हर पल ख्वाब में
हमके पुकारल
प्यार ना ह, त का ह ?


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
400-9 बी, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com