मंतोष कुमार सिंह

खोल दीहिं प्रेम के दुअरिया
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

खोल दीहिं प्रेम के दुअरिया ए बाबा
आइल बाटे छठी माइया के बारात
खीरिया व रोटिया के भोगवा लगाई
गोरिया रखेली आउर उपवास
खोल...............
छने-छने देखेली सुरतिया
घीउवा के बनावे पकवान
खोल..............
बांसे के सजावे टोकरिया
रखली पूजा के सगरो सामान
खोल..............
नंगे पंउवां चलेला टोलिया
करे सूरज बाबा के परनाम
खोल दीहिं प्रेम के दुअरिया ए बाबा
आइल बाटे छठी माइया के बारात


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
400-9 बी, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com