होलिया मचावे हुड़दंग
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

होलिया मचावे हुड़दंग
तन-मन नाचेला
गोरिया के भींगल अंग
तन-मन नाचेला

सरसो फुला गइल
अमवा अगरा गइल
महुआ से टपकेला लोर
तन-मन नाचेला

बुढ़वो भुखाइल बावे
लइकन पर खिसिआइल बावे
बुढिय़ो के मरेला हिलोर
तन-मन नाचेला

भौजी के बताइम नाही
साली के सताइम नाही
रंगवे से करम बडज़ोड़
तन-मन नाचेला

होलिया मचावे हुड़दंग
तन-मन नाचेला
गोरिया के भींगल अंग
तन-मन नाचेला


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
400-9 बी, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com