इहे नवका प्रयास हो
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

नवका सूरज बा
नवका क्षीतिज
नवका प्रभात बा
नवका प्रकाश
उमंग नवका
तरंग नवका
ओस के मोती में
जोश नवका
पर मन बेचारा रोये ला
आपन आपा खोये ला
फेरु क्रूरता प्रहार न करे
देश पर आतंकी वार न करे
जाप-पात के बात न होवे
क्षेत्रियता पर उत्पात न होवे
भूखे-प्यासे केहू सोवे ना
भ्रष्टाचार रूलावे ना
हिंसा के आग जलावे ना
सुख-समृद्धि बास करे
केहू ना आत्महत्या के प्रयास करे
मंदी मंद मुस्काये ना
रोजी-रोटी दूर पराये ना
खुशहाली चांहू ओर फइले
घर-घर से उजियारी निकले
नवका साल में
इहे नवका प्रयास हो
सगरो देश खुशहाल हो


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
400-9 बी, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com