हमरो के बता देतीं
 

-मंतोष कुमार सिंह
 

मन उदास कांहे बा
दिल में प्यास कांहे बा
हमरो के बता देतीं
गम के तनीक एहसास देतीं

दूर कांहे जात बानी
याद कांहे खात बानी
हमरो के बता देतीं
भूख के तनी एहसास देतीं

जख्म के रवानी बा
अपनो प्यार में पानी बा
हमरो के बता देतीं
प्यार के तनी एहसास देतीं

ना टूटी प्रीत के डोर
ना रूठी सावन से मोर
हमरो के बता देतीं
दुख के तनी एहसास देतीं


लेखक पत्रकार अउरी गीतकार हईं
स्थाई पता:-
ग्राम- बावनपाली बासुदेव, पोस्ट- इसरौली, जिला- देवरिया (उत्तरप्रदेश)
वर्तमान पता-
400-9 बी, साकेत नगर, भोपाल (मध्यप्रदेश)
मोबाइल-09406047658
ईमेल-mantosh11@gmail.com