तिरिया चरित्तर

प्रभाकर गोपालपुरिया

तिरिया-चरित्तर क बारे में तऽ बहुते सुनले होखब सभे. आईं सभे हमहुँ रउआ सब के एगो कथा सुना दे तानी.

एगो गाँव में बुधु नाव के एगो किसान रहत रहने. उनकरा घुरहु नाव के एक्के लइका रहे. घुरहू बहुत बनोर रहे. दिनभर एन्ने-ओन्ने घुमे अउरी घर के एक्को काम नाहीं करे. एक दिन बुधुबो बुधु से कहली, "अब घुरहू लइका नइखन रही गइल. काहे नइखीं कवनो लइकिनी देखी के उनकर बिआह कऽकहऽतारू, घुरहू के माई. हमहुँ इहे सोंचतानी। हो सकेला मेहरारू अइले पर आपन घुरहू सुधरी जाँ."

एकदिन घुरहू के माई घुरहु से कहली, "तहार बाबूजी, तहरा खातिर लइकिनी खोजऽताने." अपनी माई के बाती सुनी के घुरहू बहुत खुश हो गइने. लेकिन पता नाहीं का उनकरी मन में आइल की उ अपनी माई से कही बइठने, "माई ! हम बिआह तऽ करबी जरूर लेकिन ओही लइकिनी से जवन तिरियाचरित्तर जानती होखे." घुरहु के माई कहली, "रे मलेछवा ! इ कवन सरत हऽ रे ? कवन लइकिनी इ कही की हम तिरियाचरित्तर जानऽ तानी." घुरहू अपनी माई की बाति पर धेयान न देके बाहर चली गइने. घुरहू के माई इ बाती घुरहू के बाबूजी से बतवली.

कुछु दिन की बाद बुधु घुरहु के कहने, "तहार बिआह एगो एइसन लइकिनी से तय कइले बानी, जबन तिरियाचरित्तर में निपुन बिया." घुरहु खुश हो गइने. साइत देखी के घुरहु के बिआह कऽ देहल गइल.

मेहरारू की आवते घुरहु एकदम बदली गइने अउरी घर के पूरा जिम्मेदारी अपनी ऊपर ले लेहने.

एक दिन घुरहू अपनी मेहरारू से कहने की हम तिरियातरित्तर देखल चाहतानी. घुरहू के मेहरारू कहली की देखा देइबी, अबहिन तऽ हम साग-भाजी ले आवे बाजारे जा तानी. एतना कहले की बाद घुरहुबो बाजारे चली गइली अउरी घुरहू खेत जोते. ओही दिने राति खान घुरहूबो बहरा (पाखाना) गइले की बहाने घर से निकलली अउरी अपनी गोयड़ा की खेते में जाके बाजारी से जवन जिअत मछरी ले आइल रहली गाड़ी देहली.

सबेरे-सबेरे जब घुरहू गोयड़ा के खेत जोते गइने तऽ हरे की फारे से लागी के उ मछरी बाहर आ गइल. घुरहू एकोबेर इ नाहीं सोंचने की कातिक में खेते में से मछली कवने गाँ निकलली हऽ. ऊ मछरी उठवने अउरी दउड़ी के घरे गइने. घरे जाके ऊ अपनी मलिकाइन से कहने की खेते में जिअत मछरी मिलली हऽ. आजु एही के बनावऽ अउरी दुपहरिया में मछरी भात खाइबी. घुरहू के मेहरारू कहली ठीक बा, रउआँ खेत जोते जाईं हम मछरी बनावतानी. घुरहू जल्दी-जल्दी जब खेत जोति के घरे अइने अउरी हाथ-मुँह धो के खाए बइठने तऽ उनकर मेहरारू उनकरी आगे भात अउरी कोहड़ा के तरकारी ले आके धऽ देहली. घुरहु कहने कि, मजाक मती करऽ, मछरियो ले आवऽ. घुरहूबो कहली, कहाँ मछरी बा, के मछरी ले आइल रहल हऽ ? बाति आगे बढ़ी गइल, मरदे-मेहरारू में कहासुनी होखे लागल. इ दुनु जाने के झगड़ा सुनी के अगल-बगल के लोग एकठ्ठा हो गइल. केहु पूछल, "काहें झगड़ा होता?" घुरहु कहने, "ए काका! गोएड़वा के खेतवा जोतत रहनी हँई तऽ ओही में से एगो रोहू (मछरी) निकलल हऽ, अउरी ओ रोहुआ के लिया के एही के बनावे के देहनी हँऽ. अब इ कहतिया की केइसन रोहू. कवनो रोहू-ओहू नइखे." ए पर काका कहने, "रे सारे घुरहुआ! पगला गइल बारे का? अरे कहीं कातिक का महीना में खेते में से जिअत मछरी निकली ?" एकरी बाद गाँव भरि के लोग झुकमिली के घुरहू के खानि देहल. घुरहू के खनले की बाद जब गाँव के लोग अपनी-अपनी घरे चली गइल तऽ घुरहुबो मछली अउरी भात लिआ के घुरहू का आगे धऽ देहली. घुरहु चिल्लइने, "अब काहे के ले अइले हऽ? हमके पिटववले की बाद." घुरहूबो पूरा कहानी सुनवली अउरी कहली की तूँ ही न तिरियाचरित्तर देखे खातिर बेचैन रहलऽ हऽ. घुरहू कहने की हमके माफ कऽ दे अउरी आगे हमके कबो तिरियाचरित्तर देखवले के जरूरत नइखे. हमरा अपनी गलती के एहसास हो गइल बा.


रिसर्च एसोसिएट, सीएसई,
आईआईटी, मुम्बई