रामेश्वर प्रसाद वर्मा

ए नेता जी भागऽ तोहार, अब बाजे वाला बाजा बा.

जब संसद भवन में विस्वास मत हासिल करे खातिर नोट से वोट किनाये के हवा उड़े लागल त हमके लागल कि अब गुण्डवन अइसन हमनियों का आपन पइसा लगा के दूसरा के नेता ना बनावल जाई बलुक अपने नेता बनल जाई.

नोट तंत्र

ए नेता जी भागऽ तोहार, अब बाजे वाला बाजा बा.
तरजूइये तलवार बनल, अब बनिया बनल राजा बा.

नेतवन पर चढ़े शनिचर, त बनिये एक सहारा बा.
दिन फिरल त आँख फिरि गइल, चलत ना कवनो चारा बा.

टोडरमल संग अकबर रहलन, भामा के संग राणा बा.
युग अउर नेता बदलत गइलन, अमर हमार सहारा बा.

बहुत दिनन तक माया रानी, बक बक कइली बनिया पर.
टिकट बेंचि के नोट कमइली, उनकर भी व्यापाराना बा.

मक्खन अइसन नरम मुलायम, बनियन पर ही ढलि गइलन.
आजु त चारो ओरि देखि लऽ, सहारे उनुकर सहारा बा.

सेल टिकस, व्यापार टिकस, देके भी वैश्य बेचारा बा,
आ अंडा झिंगा खा के भी फील गुड अटल के नारा बा.

सहत सहत आजिज आ गइलीं, अब ना तनिक गवारा बा.,
ठेलि के तोहके गद्दी लेईब, ई संकल्प हमारा बा.

गुण्डा बनिया जोर लग६हन, उखड़ी जाई तोहरि सरकार.
लोकतंत्र के देब पटकनी, नोट तंत्र के नारा बा.

ए नेता जी भागऽ तोहार, अब बाजे वाला बाजा बा.
तरजूइये तलवार बनल, अब बनिया बनल राजा बा.


रामेश्वर प्रसाद वर्मा,
द्वारा, मुक्ता डेण्टल लेबोरेटरी,
मालगोदाम एलआईसी रोड,
बलिया २७७ ००१
फोन ९४५२१०५३०१