अभय त्रिपाठी

बनारस, उत्तर प्रदेश

 

हमसे वादा कई ल आईब सोमवार के

हमसे वादा कई ल आईब सोमवार के सावन के बहार में ना.
नाही आके कई ल हमरा के बीमार हो सावन के बहार में ना.

नाही अई ल सोमवार आज हउए मंगलवार.
अब त आजा बलम हमरे दुआर में सावन के बहार में ना.
हमसे वादा कई ल...

नाही करब कउनो शिकवा होखी कउनो ना लडाई.
काट दिहब साडी रतियाँ तोहरे प्यार में सावन के बहार में ना.
हमसे वादा कई ल...

बुधवार गईल बीत नाही अई ल मोरे मीत.
प्राण छुटल जाला बिरहा के आग में सावन के बहार में ना.
हमसे वादा कई ल...

होश उड़ल गुरु शुक्र दिलवा करे धुक धुक.
बाउर भईली हम त तोहरे प्रेम प्यार में सावन के बहार में ना.
हमसे वादा कई ल...

शनि और एतवार नाही कई ल हमसे प्यार.
अंखिया भीग जाला खाली इंतज़ार में सावन के बहार में ना.
हमसे वादा कई ल...

हमसे वादा कई ल आईब सोमवार के सावन के बहार में ना.
नाही आके कई ल हमरा के बीमार हो सावन के बहार में ना.