अभय त्रिपाठी

बनारस, उत्तर प्रदेश

रैप

ई हौऽ भोजपुरी रैप

भोजपुरी रैप, ई हौऽ भोजपुरी रैप,
लिट्टी चोखा खा के, कर दी सबके मटियामेट,
भोजपुरी रैप ई हौऽ भोजपुरी रैप.

इहँवा सतुआ अउर पिसान,
खा के हर केहू निहाल,
एकर बोली जइसे कोयल,
बड़हन हो या नौनिहाल.
भोजपुरी रैप ई हौऽ भोजपुरी रैप.

वीर कुँवर सिंह जइसन वीर,
कर दे हर दुश्मन अधीर,
इहँवा शान्ति दूत महान,
राजा अशोक बुद्ध भगवान,
मंगल पांडे वीर आजाद, दिहले आजादी के भेंट.
भोजपुरी रैप ई हौऽ भोजपुरी रैप.