Manoj "Bhawuk"

London

अईलीं फिरंगिया के गाँवे हो संघतिया

मनोज "भावुक"

बदरी के छतिया के चीरत जहजवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.
लन्दन से लिखऽतानी पतिया पँहुचला के,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

दिल्ली से जहाज छूटल फुर्र देना उड़ के,
बीबी बेटा संगे हम देखीं मुड़ मुड़ के.
पर्वत के चोटी लाँघत, बदरी के बीचे,
नीला आसमान ऊपर, महासागर नीचे.
लन्दन पँहुच गइल लड़ते पवनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

हीथ्रो एयरपोर्टवा से बहरी निकलते,
लागल कि गल गइनी थोड़ दूर चलते.
बिजुरी के चकमक में देखनी जे कई जोड़ा,
बतियावें छतियावें जहाँ तहाँ रस्ते.
हाल चाल पूछनी हम अपना करेजवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

हर्टफोर्डसर पँहुचली सँझिया के बेरवा,
जहाँ बाटे कारखाना, जहाँ बाटे डेरवा.
डेरवा के भीतर एसी, सब सुख बा विदेशी,
चट देना फोन कइली बीबी नईहरवा.
ठकचल बा बंगला विदेशी समनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

भारत से अफ्रीका, फेरु युके चली अइनी,
रुपया, सिलिंग, डालर, पाउन्ड कमइनी.
माई बाप चहलें से हम बनि गइनी,
अपना सपनवा के धूरि में मिलइनी.
बेमन के नाता जुड़ल हमरो मशीनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

केहू नाहीं टोवे रामा भावुक के मनवा,
तड़पे मशीन बीचे उनकर परनवा.
दीतकार खातिर कलम, कलाकार खातिर कला,
एकरा समान दोसर कौन सुख होई भला ?
अँसुवन में बहे रोज सपना नयनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

पापी पेट हमरा से हाय का करावऽताटे,
जाने कवना कीमत पर पइसा बनावऽताटे.
"भावुक" कलाकार के कलवा मुआवऽताटे,
मनवा के भीतर गीतकार के मुआवऽताटे.
तड़पिला रात दिन कवना रे जमनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.

तोहरा से कहतानी साँचो ए इयरवा,
काहे दूना लागत नईखे इचिको जियरवा.
हमरा के काटे दउड़े सोना के पिंजरवा,
मनवा के खींचऽताटे माई के अँचरवा.
लौट चलीं देश अपना कवनो रे बहनवा से,
अइलीं फिरंगिया के गांवे हो संघतिया.