खबर भोजपुरी में (सोमार, 8 दिसंबर 2014)

by | Dec 8, 2014 | 0 comments

(अतवार 7 दिसंबर के खबर)

योजना आयोग पर विचार करे ला दिल्ली में भइल बइठका में शामिल होखे आइल मुख्यमंत्री लोग पीएम नरेन्द्र मोदी संगे.

योजना आयोग पर विचार करे ला दिल्ली में भइल बइठका में शामिल होखे आइल मुख्यमंत्री लोग पीएम नरेन्द्र मोदी संगे.

  • योजना आयोग का जगहा बने वाला निकाय पर चरचा खातिर देश भर के मुख्यमंत्रियन संगे बइठक करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि नयका निकाय में राज्यन के खास भूमिका होखे के चाहीं. कहलन कि राज्यन का बीच के विवाद सलटावे ला एगो मंच बनवलो के जरूरत बा. एह बइठका में ममता बनर्जी आ उमर अब्दुला ना शामिल भइले. बइठक में शामिल अधिका मुख्यमंत्री योजना आयोग का जगहा नया निकाय बनावे के राज जतवले बाकिर तीन चार गो मुख्यमंत्रियन के कहना रहे कि योजने आयोग में कुछ बदलाव क के बेहतर बनावल जाव.
  • जम्मू कश्मीर आ झारखंड के विधानसभा चुनावन के तिसरका दौर ला चुनाव प्रचार अतवार का साॅझे खतम हो गइल. वोटिंग मंगल का दिने करावल जाई. जम्‍मू कश्‍मीर के बडगांव, बारामूला आ पुलवामा में सुरक्षा बल के पुरहर तैनाती कइल गइल बा. चार सौ कंपनी चुनाव का दौरान सुरक्षा दीहें. सोमार का दिने पीएम मोदी के रैली श्रीनगर में होखे वाला बा.
  • पीएम नरेन्‍द्र मोदी के प्रस्‍ताव मान के संयुक्‍त राष्‍ट्र जल्‍दिए 21 जून के विश्‍व योग दिवस के रूप में घोषित करे वाला बा. एह बात के जानकारी विदेश मंत्री सुषमा स्‍वराज नई दिल्‍ली में एगो समारोह में दिहली. कहली कि एह प्रस्ताव के दुनिया के 170 देश समर्थन कइले बाड़े.
  • मालदीव के पीए वाला पानी के संकट से उबारे खातिर भारत पूरा मदद देत बा आ ओकरा राजधानी के लगातार पानी सप्लाई करे में जुटल बा. नौसेना के जहाज सुकन्या ओहिजे लंगर डलले बा हर घंटा बीस टन पानी के सप्लाई अपना संयत्र से करत बा.
  • लालू यादव अतवार का दिने चार्टर हवाई जहाज से मुलायम सिंह यादव का घरे सैफई चहुँपलन आ उनुका पोता आ सांसद तेज प्रताप सिंह यादव से अपना छोटकी बेटी राजलक्ष्मी के शादी के सगुन दिहलन. एह मौका पर राबड़ी देवी आ अखिलेश यादव मौजूद ना रहलें. सगाई के रस्म दिल्ली में होखी.
  • उत्तर प्रदेश में करीब डेढ़ सौ बिजली उपकेंद्र बन गइल बाड़ी सँ. एहनी के उद्घाटन सोमार का दिने मुख्य मंत्री अखिलेश सिंह यादव करे वाला बाड़न. एह केन्द्रन से राज्य के तहसीलन के अधिका बिजली मिल पाई.
  • 39 साल पहिले भइल ललित नारायण मिश्र हत्याकाण्ड के फैसला सोमार का दिने अदालत में सुनावल जाई,
  • मध्य प्रदेश के नगरीय निकाय चुनाव का दुसरको दौर में भाजपा के बड़हन जीत मिलल बा. भाजपा एगो नगर निगम के महापौर आ 81 गो नगरीय निकाय के अध्यक्ष पद पर जीतल बिया.
  • पश्चिम बंगाल का किनारा वाला समुद्र में दू गो नाव पर सवार 56 गो बांग्लादेशी मछुआरन के अतवार का दिने गिरफ्तार क लिहल गइल बा. ई लोग भारत का समुद्री इलाका में गैरकानूनी तरीका से आइल रहे.
  • सिक्किम के मुख्यमंत्री पवन कुमार चामलिंग 12 दिसंबर के मुख्यमंत्री के रूप में आपना बीस बरीस पूरा क के देश के सबले अधिका दिन ले मुख्यमंत्री बनल रहे के रिकार्ड बना लीहें.
  • भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के उन्नत जीसैट-16 उपग्रह धरती के कक्षा में स्थापित हो गइल. एकर प्रक्षेपण फ्रेंचगुयाना के कौरू अंतरिक्ष केंद्र से यूरोपीय एरियन-5 रॉकेट के जरिए शनिचर का दिन कइल गइल रहुवे.
  • बिजली के निजीकरण करे का विरोध में आ निजी क्षेत्र पर निर्भर रहे वाला ऊर्जा नीति में बदलाव करावे ला देश के बिजली इंजीनियर आ कर्मचारी 8 दिसंबर का दिने संसद का सोझा प्रदर्शन करीहें.
  • भुवनेश्‍वर में होखत चैपियंस ट्राफी हॉकी टूर्नामेंट में अतवार का दिने ऑस्‍ट्रेलिया आ बेल्जियम के मैच चार-चार गोल के बरोबरी पर छूटल. इगलैंड पाकिस्तान के 8-2 गोल के बड़हन अंतर से हरवलसि. हॉलैंड आ जर्मनी के मैच में हालैंड 4-1 से जीतल. भारत आ अर्जेन्‍टीना के बीच के मैच में अर्जेंटिना 4-2 गोल से भारत के हरा दिहलसि. एह टूर्नामेंट में शामिल आठो देश क्वार्टर फाइनल खेली. लीग मैच से बस इहे तय होखे वाला कि के केकरा से खेली.
  • आईपीटीएल के दिल्ली चरण के मैच में मनीला मावेरिक्स यूएई रॉयल्स के 27-24 के अंतर से हरा दिहलसि.
  • फुटबाल के सुपर लीग का मैच में अतवार का दिने मुंबई सिटी एफसी डी.वाई पाटिल स्टेडियम में एटलेटिको डी कोलकाता के 2-1 से हरा दिहलसि.
  • पांच मैचन के टेस्ट श्रृंखला खेले आस्ट्रेलिया आइल भारत के जूनियर पुरुष हॉकी टीम अतवार का दिने गोल्ड कोस्ट का मैदान पर जापान के 7-0 से हरा दिहलसि.
  • स्क्वॉश के विश्व चैम्पियनशिप में भारत के महिला टीम 14वां जगहा पर आइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up