टटका खबर : 17 अक्टूबर 2014, शुक

by | Oct 17, 2014 | 0 comments

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राममाँझी फेरू बयान के ढेला चलवले

बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राममाँझी फेरू बयान के ढेला चलवले

  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अपना बयानबाजी के माला में एगो अउर फूल जोड़त शुक का दिने कहलन कि इलाज करे में गरीबन से कवनो तरह के खिलवाड़ भइल त अइसन करे वाला के हाथ काट दीहें.
  • उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में तजिया निकले का पहिले आजु शुक का दिने पुलिस कई जगहा रुट मार्च कइलसि. मुस्लिम समुदाय के दू फरीकन का बीच एह मौका पर फसाद होखे के वारदात पहिले हो चुकल बा एहसे पुलिस पूरा एहतियात बरतत बिया.
  • महात्मा गाँधी सेतु का बगल में एगो दस किलोमीटर लमहर पुल बनावे के योजना के केन्द्र सरकार मंजूर कर लिहलसि. ई पुल वैशाली के बिदुपुर चकसराय से नेशनल हाईवे 30 पर कच्ची दरगाह के जोड़ी. एह पुल के बनावे में जमीन अधिग्रहण के खरचा बिहार सरकार के हिस्सा में रही.
  • जदयू के बड़का नेता आ बिहार सरकार के मंत्री ललन सिंह कहलन कि जब जदयू, राजद, आ कांग्रेस का बीच अबहीं ले महागठबंधन भइले नइखे त मुख्यमंत्री पद के दावेदारन के चरचा फिजूले होत बा.
  • सारण जिला के मांझी थाना इलाका में जयप्रभा सेतु का लगे से पुलिस तीन गो फर्जी जिला परिवहन अधिकारियन के गिरफ्तार कइलसि जे गाड़ीवालन से उगाही में लागल रहले.
  • सिवान जिला के गुठनी इलाका में आजु शुक के दिनदहाड़े एगो आदमी अपना दू गो बेटन का साथे मिल के एगो कोचिंग चलावे वाला के भाला घोंप के मुआ दिहलसि. हत्या काहे कइलसि से अबही पता नइखे चलल.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के चिकित्सा विज्ञान संस्थान के एम्स के दरजा दिआवे खातिर अनशन करत हृदय रोग विशेषज्ञ डा. ओम शंकर आ अउरी चिकित्सकन के बेमियादी अनशन आजु पँचवो दिने जारी रहल.
  • गोण्डा जिला के कटरा बाजार इलाका में आजु पुलिस दू गो पशु तस्करन के गिरफतार क के ओहनी का लगे से 64 गो पशुअन के बरामद कइले बिया.
  • बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका के जोगियां गाँव में बियफे का रात दू फरीकन का बीच आपन दबदबा बनावे का लड़ाई में खूब गोली चलल. एह गोलीबारी में दू जने के मौत हो गइल बा आ पाँच गो घवाहिलन के पटना मेडिकल कालेज अस्पताल भेजवावल गइल बा.
  • संघ के कहना बा कि ऊ हर हिन्दुस्तानी के हिन्दू मानेला भले ओकर मजहब कवनो होखो. अब एह बात के ठीक से ना समुझ पावे वाला सेकुलर लोग कुकुरबझाँव करे में ल‌ागल बा. संघ खातिर हिन्दू संप्रदाय भा मजहब ना होके भारतीयता के पहिचाब होला.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के बइठक के पहिलका दिने संघ के सह सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबले कहले कि जम्मू कश्मीर में आइल भयंकर बाढ़ से प्रभावित लोग के पुनर्वास के काम जाड़ा शुरू होखे से पहिले पूरा हो जाए के चाहीं. संघ एह काम में केंद्र सरकार के पूरा सहयोग करी.
  • लखनऊ में आजु शुक से राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के तीन दिन के बइठक शुरू हो गइल बा. एह बइठक में संघ के सगरी अनुषांगिक ईकाईयन के प्रतिनिधि शामिल होले. भाजपा से अध्यक्ष अमित शाह आइल बाड़े एह बइठक में.
  • सिवान जिला में अलग-अलग इलाका में अलग अलग घटना में पाॅच लोग के मौत हो गइल.
  • राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ कहलसि कि ओकरा कवनो हड़बड़ी नइखे अयोध्या में राममंदिर बनवावे के. ढेर पूछला पर कहलसि कि सवाल केन्द्र सरकार भा भाजपा से होखे के चाहीं, संघ से ना.
  • सारण जिला के इसुआपुर इलाका के छपरा-सत्तरघाट रोड पर भिट्ठी मोड़ का लगे आजु शुक का दिने भोर में ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
  • अगिला साल से बिहार बोर्ड के इंटर के परीक्षा के तरीका बदल जाई. चालीस फीसदी सवाल के जवाब वस्तुनिष्ठ रही जबकि साठ फीसदी के लमहर जबाब देबे के पड़ी. ईम्तिहान ओएमआर शीट प लिहल जाई.
  • बिहार में पंचायतन के काम ला 26 हजार नया बहाली होखे वाला बा. ई बहाली जूनियर ईंजिनियर, पंचायत सहायक, कम्प्यूटर आपरेटर आ लेखापाल वगैरह पद खातिर कइल जाई.
  • पश्चिम चंपारण के चनपटिया इलाका से तीस लाख रुपिया के चरस संगे एगो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • भोजपुर जिला के उदवतनगर इलाका से एगो वाहन से डेढ़ क्विंटल गाँजा का साथ चार गो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार कइलसि.
  • का दिने लखनऊ अइहें आ राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के केंद्रीय मार्गदर्शक मंडल के बैठक में शामिल होखीहें.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up