टटका खबर : 16 सितंबर 2014

by | Sep 16, 2014 | 0 comments


टटका जानकारी


आजु 33 गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट गिनल जाई. ठठको में टटका खबर खातिर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर जाईं.
आजु जिउतिया पर्व ह.
काल्हु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. काल्हुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें.


टटका आरा


(बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर)

‘कौन बनेगा महाकरोड़पति’ में सोमार का रात भोजपुर के बेटी कौशल्या 12 लाख 50 हजार रुपिया के इनाम जीत लिहली.

विधायक राघवेन्द्र प्रताप सिंह सोमार का दिने आरा परिसदन में आरा, बड़हरा आ कोईलवर प्रखंड में होखत बिजलीकरण के काम के समीक्षा कइलन. गँवे गँवे काम होखला पर विधायक आपन नाराजगी जतवलन.

नवादा थाना के सरदार पटेल बस स्टैड पर सोमार का दिन टिकट कटावे में बवाल हो गइल आ बस संचालक के समर्थक आ एजेंट लड़ गइले. एह मारपीट में फायरिंगो भइल बाकिर केहू के लागल ना.

पुलिस बल ढेलाबाजी करे, बाइक फूंके, सरकारी काम में बाधा डाले आ तूड़ताड़ करे का आरोप में शहर के चार गो कोचिंग संचालकन के गिरफ्तारी करे खातिर पुलिस लागल बिया बाकिर केहू हाथे नइखे चढ़त.

आरा सदर अस्पताल में इलाज का दौरान एगो दलिर महिला के मौत का बाद लोग जम के बवाल काटल.

बहोरनपुर चौकी इलाका के सारंगपुर गांव में भइल संतोष राय के हत्या के आरोपी उदय राय सोमार का दिने कोर्ट में सरेडर कर दिहले.

वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय में छह लोग के अनुकंपा का आधार पर बहाल करे के फैसला कइल गइल. पिछला कई साल से एह तरह के बहाली ना हो पावत रहे.

बक्सर के पड़री मोड़ का लगे हाइवे 84 पर अतवार का दिने एगो ट्रक मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना से ओह पर पीछे बइञल औरत के मौत हो गइल आ बाइक चलावत ओकर देवर आ बेटी घवाहिल हो गइले.

बक्सर के नावानगर में हृदयानंद आर्य उच्च विद्यालय मणिया में +2 के पढ़ाई शुरू हो गइला से अगल बगल के विद्यार्थी आ गार्जियन सभे खुश बा.

चौसा के अखौरीपुर गोला पर शनिचर साँझ दू गुट में जम के मारपीट हो गइल जवना मे सोरह लोग घवाहिल हो गइल. दुनू ओर से केस लिखवावल गइल बा.

21 लाख खरचला का बादो बक्सर शहर के सड़क से अन्हरिया नइखे हटत काहे कि स्द्रीट लाइट लगा त दिहल बा बाकिर कनेक्शन नइखे दिहल.

सोमार का दिने भगवानपुर एसबीआई शाखा के लिंक फेल होखला का चलते बैक में कवनो लेनदेन ना हो पावल.

काराकाट के गुजरू गांव में अतवार का दिने एगो बिलाई जने के काट के लहू लुहान क दिहलसि. ओकरा चिल्लइला पर जुटल लोग बिलाई के भगावल

काराकाट का दनवार गाँव में धान के फसल के भइल नुकसान खातिर आपदा राशि बाँटल गइल. पिछला साल अइल फैलिन तूफान में एह लोग के फसल बरबाद हो गइल रहुवे.


टटका बलिया


(यूपी के बलिया, गाजीपुर आ मऊ जिला के खबर पर एक नजर)

स्वामी पशुपति नाथ बाबा के 104 वीं जयंती पर बाबा धाम शुभनथहीं में शतचंडी महायज्ञ के आयोजन होई. जलभरण यात्रा नौ अक्टूबर के आ समापन बाबा के जयंती का दिने कार्तिक कृष्ण सप्तमी 15 अक्टूबर के भंडारा साथे कइल जाई.

आजाद हिंद फौज के प्रमुख सिपाही रहल स्वतंत्रता सेनानी रामस्वरूप सिंह अतवार का रात रसड़ा अस्पताल में करीब 101 साल के उमिर में दुनिया के अलविदा क दिहले.

गड़वार के ऐतिहासिक रामलीला तीन अक्टूबर से शुरू होई. पिछला साल कुछ कारण से एहिजा के रामलीला ना हो पावल रहे.

पिछला एगारह दिन से चलत टीडी कालेज के शिक्षकन के धरना सगरी माँग मान लिहला का बाद सोमार का दिने खतम क दिहल गइल.

सिकंदरपुर के गोसाईपुर गांव में अतवार का रात एगो लड़िकी के साँप कटला से मौत हो गइल.

जयप्रकाशनगर इलाका के अठगाँवा में सोमार का दिने दू दर्जन से अधिका मकान नदी में भस गइल.

गाजीपुर जेल में पिछला पांच दिनों से भूख हड़ताल पर बइठल सुमन राय के हालत में सुधार आइल बा. सोमार का दिने उनकर रिहाई माँगत बेटाबेटी एसपी कार्यालय पर धरना दिहले.

383 अनधिकृत यात्रियों से 90 हजार वसूल

मऊ टीसन पर सोमार का दिने चेकिंग कर के 383 यात्रियन के पकड़ल गइल आ ओहन से 90 हजार रुपिया दण्ड वसूल गइल.

आजमगढ़ जनपद के जीयनपुर थाना क्षेत्र के अंजान शहीद निवासी आकाब उर्फ नोमान के जमानत अरजी पोस्का अदालत से नकार दिहल गइल. ओकरा पर एगो नाबालिग लड़िकी से दुराचार करे के आरोप बा.

चिरैयाकोट के नगर पालिका घोषित करावे के माँग करत कांग्रेसी सोमार का दिने प्रदर्शन कइले आ डीएम के पत्रक दिहले.

नेपाल से पानी छूटला का बाद दोहरीघाट में घाघरा फेरू खतरा के निशान छुए ला बेचैन लागत बाड़ी. डिघिया नाला घाघरा के कटान में पड़ जाए के अनेसा हो गइल बा.


टटका छपरा


(बिहार के सारण, सिवान आ गोपलगंज जिला के खबर पर एक नजर)

आजादी के साठ साल बाद दरियापुर के मठचिलावे गांव में विकास के उम्मीद जागल बा. अतवार का दिने भाजपा प्रतिनिधि मंडल गांव के दौरा क के समस्या से रू-ब-रू भइल.

छपरा जीआरपी शनिचर का रात अपहरण आ हत्या के दू गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. 2013 के एगो घटना के नामजद आरोपी दारौंदा थाना क्षेत्र के बगौड़ा गांव के संतोष कुमार आ नौशाद आलम का बारे में पता चलल कि दुनू छपरा जंक्शन पर मौजूद बाड़ें त पुलिस घेरा डाल के ध लिहलसि.

छपरा-भटनी रेलखंड के दारौंदा टीसन का लगे अतवार का भोरे ट्रेन से कट के रामसापुर गांव के एगो औरत के मौत हो गइल.

छपरा जंक्शन से दिल्ली जाए का रास्ता में टेकनिवास के एगो नसही के मौत ट्रेन से गिरला का चलते इलाहाबाद से 120 किमी दूर फतेहपुर का लगे हो गइल.

छपरा पुलिस शनिचर का रात छोटका तेलपा में छापामारी क के देशी कट्टा का साथे दू गो नवहियन के ध लिहलसि जवना में रेपुरा के मुखिया के भतीजो रहल. दुनू कवनो लड़िकी का फेर में चक्कर काटत रहले.

सिवान जिला में यूरिया खाद के कालाबाजारी करे वाला पांच गो दुकानदार पकड़ाइल बाड़े.

मनरेगा में काम करा के भुगतान ना दिहला के आरोप लगावत माले के लोग चकरी पंचायत के मुखिया के घर घेर लिहल. बाद में चहुँपल पुलिस प्रशासन बीस दिन का भीतर भुगतान करावे के भरोसा दिआ के घेरा छोड़वलसि.

गोपालगंज के बरौली नगर के सुरवल वार्ड में अतवार का दिने जमीन के झगड़ा में तीन गो औरत घवाहिल हो गइली.

सिवान पुलिस भोरे थाना के डुमर नरेंद्र गांव के दू गो नवहियन के पकड़ के ले गइल. एहनी पर साइबर क्राइम करे के आरोप बा.

थावे रेलखंड पर लमहर दूरी के ट्रेन चलावे के मांग ले के अखिल भारतीय उद्योग मंडल, थावे विकास मंच आ सीपीआई कार्यकर्ता अतवार का दिने प्रदर्शन कइले आ थावे जंक्शन परिसर में धरना दिहले.


टटका देवरिया


(यूपी के गोरखपुर आ देवरिया जिला के खबर पर एक नजर)

गोरखनाथ के विकास नगर, विस्तार में आतवार का साँझ एगो फरत के गरदन से सोना के चेन नोच के बाइक सवार फरार हो गइले.

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के वार्षिक परीक्षाफल के घोषणा होखे लागल बा. आतवार का दिने बीए, बीकाम, एमए वगैरह के अनेके कालेजन के परीक्षाफल जारी कइल गइल.

गोरखपुर कैंट इलाका के आवास विकास कालोनी का महादवे झारखंडी से एक आदमी के मार्शल जीप शनिचर का रात चोरा लिहल गइल.


टटका बनारस


(यूपी के वाराणसी, चंदौली, जौनपुर, आ भदोही जिला के खबर पर एक नजर)

भेलूपुर में चलत रेव पार्टी के खबर पा के पुलिस छापा मार दिहलसि आ ढेरे नसहियन के ध ले गइल. बाद में ओह लोग के घरवाला जुटले त चेता के छोड़ दिहल गइल.

वाराणसी के हरिश्चंद्र पीजी कालेज में स्नातक मे 33 फीसद सीट अउर बढ़ावे के माँग लेके सोमार का दिने विद्यार्थी परिषद प्रदर्शन कइले.

दुर्गावती में न्यूनतमो मजदूरी से कम मजदूरी देबे का खिलाफ जनवादी मजदूर संघ के बैनर तर मजदूर धरना दिहले.

चंदौली के अलीनगर इलाका के महेवा गांव का नियरा अतवार का दुपहरिया गंगा नहर में डूबल लड़िका के लाश सोमार के भोरे नहर के सिल्ट में फंसल मिलल.

केराकत कोतवाली के बेहड़ा रघुपुर गांव में अतवार का रात सेन्ह मार के गहना आ नकदी चोरा लिहल गइल.

डग्गामार स्कूल वाहनन का खिलाफ सोमार का दिने जौनपुर में अभियान चला के 19 गो वाहन के चालान काटल गइल. दू दिन पहिले सेंट पैट्रिक स्कूल के एगो बस गड़हा मे पलट गइल रहे.


टटका चंपारण


(बिहार के पूर्वी चंपारण आ पश्चिमी चंपारण जिला के खबर पर एक नजर)

चिरैया प्रखंड के अकौना गांव में अवैध शराब भट्ठी चलावे वाला के पुलिस गिरफ्तार क ले गइल आ भट्ठी के भसा दिहलसि.


टटको में टटका खबर

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up