टटका खबर : 28 अक्टूबर 2014, मंगल

by | Oct 28, 2014 | 0 comments

जर्मनी के राजदूत माइकल स्टीनर संगे मुख्यमंत्री बिहार जीतन राम माँझी

जर्मनी के राजदूत माइकल स्टीनर संगे मुख्यमंत्री बिहार जीतन राम माँझी

  • भारत में जर्मनी के राजदूत माइकल स्टेनर मंगलवार को पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी से मुलाकात की। इस बैठक में जर्मनी एवं भारत के संबंधों की चर्चा की गई। बैठक में जर्मनी ने बिहार को कृषि के क्षेत्र में सहयोग देने का आश्वासन दिया।
  • लोक आस्था के महापर्व छठ के चार दिन के व्रत के दुसरका दिने आजु ‘खरना’ का साथ 36 घंटा के निर्जला उपवास शुरू हो गइल जवन परसों बियफे का दिने सबेर में आदित्य के अरघ दिहला का बाद पूरा होखी. एह बीच काल्हु साँझ के सूर्यास्तो बेरा आदित्य के अरघ दिहल जाई.
  • उत्तर प्रदेश के अलीगढ़ जनपद में लापता बहिन के खोजे ला भटकत परेशान नवही आजु मंगल के दुपहरिया में एसएसपी दफ्तर के बाहर आत्मदाह करे के कोशिश कइलसि. मौका पर मौजूद पुलिसवाले ओकरा के बचा लिहले आ गिरफ्तार क लिहले.
  • वाराणसी के जनसा इलाका में आजु एगो औरत के आग से झउँसला का चलते मौत हो गइल. आग कइसे लागल एह बात पर संदेह होखत बा.
  • वाराणसी तहसील कार्यालय का सोझा आजु मंगल का सबेरे सड़क पार करत एगो निजी स्कूल के बस कंडक्टर के मौत ट्रक से कचरइला का चलते हो गइल.
  • जौनपुर जिला के सिधवन औद्योगिक क्षेत्र में देशी शराब बनावे के एगो नाजायज फैक्टरी के भंडाफोड करत पुलिस दू जने के गिरफ्तार क लिहलसि.
  • उत्तर प्रदेश में सरकार चलावे वाला समाजवादी गोल अगिला महीना होखे जात जम्मू कश्मीर आ झारखंड विधानसभा चुनाव में आपन उमीदवार खड़ा करी.
  • गोण्डा के देहात कोतवाली इलाका में एगो बिआहल औरत फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
  • गोरखपुर के पीपीगंज इलाका में सोमार का रात दू गो गाड़ी टकरइला से भइल सड़क हादसा मे दू जने के मौत हो गइल आ छहजने घवाहिल हो गइले.
  • अपना दल के अध्यक्षा कृष्णा पटेल आजु अपना छोटकी बेटी आ मिर्जापुर से सांसद अनुप्रिया पटेल के पार्टी के राष्ट्रीय महासचिव पद से हटा दिहली. बतावल जाता बा कि ऊ पार्टी में अनुप्रिया के पति के दखलदाजी का चलते नाराज बाड़ी.
  • राज्यसभा चुनाव के घोषणा होखते उत्तर प्रदेश से राज्यसभा पहुंचे ला सगरी गोल में जोड़-तोड़ शुरू हो गइल बा. सपा के चार सीट मिलल पक्का बा आ एहमें बलिया के सांसद रहल आ प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के बेटा नीरज शेखर के राज्यसभा भेजल जा सकेला. पिछला लोक सभा चुनाव में मुलायम के परिवार के लोग छोड़ दोसर कवनो सपाई ना जीत पावल.
  • कबो छठ का मौका पर बिहार के मुख्यमंत्री आवास छठी मइया के गीतन से गुलजार रहल रहुवे बाकिर अबकी बेर ओहिजा सन्नाटा पसरल बा. लालू प्रसाद के सरकारी आवासो पर इहे हाल बा.
  • रोहतास जिला के संझौली इलाका के बैरी गांव का बधार से सुर्यपुरा थाना के सुरहुरिया गाँव के एगो रिटायर्ड फौजी के लाश मिलल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up