खबर भोजपुरी में (अतवार, 2 नवंबर 2014)

by | Nov 3, 2014 | 0 comments

वन्यजीव उत्पादन के जरावत पर्यावरन मंत्री प्रकाश जावेड़कर

वन्यजीव उत्पादन के जरावत पर्यावरन मंत्री प्रकाश जावेड़कर

  • पीएम बनला का बाद दुसरका बेर अतवार का दिने नरेन्द्र मोदी जनता से अपना ‘मन के बात’ बतवलन. कहलन कि लोग अपना प्रधान सेवक पर भरोसा राखे, करिया धन के एक एक पाई वापिस ले अइहें. स्वच्छ भारत अभियान में आम जनता के जुड़े के स्वागत करत कहलन कि एह मिशन के लाभ गरीबन ले चहुँपी. अगिला महीना नशा पर बतियावे के वादा कइलन आ कहलन कि लोग चाहे त उनुका के चिट्ठी लिख के आपन बात कह सकेला.
  • अतवार का दिने कटक में भइल पहिलका एकदिना में भारत श्रीलंका के 169 रन से हरा के श्रृंखला में बढ़त ले लिहलसि.
  • दुनिया भर में मशहूर सोनपुर मेला के औपचारिक शुरुआत 5 नवंबर के होखे वाला बा. कातिक पूर्णिमा पर सारण जिला के हरिहर क्षेत्र सोनपुर में आ बलिया में ददरी मेला लागल करेला. दुनु मेला में लाखों लोग चहुँपेला आ देश भर से पशु व्यापारी आवेंले.
  • मुस्लिम बहुल राज्य जम्मू कश्मीर में तजिया के जुलूस निकाले पर रोक लगा दिहल गइल बा. एह मौका पर शिया आ सुन्नी लोग के आपस में लड़ पड़े के अनेसा हमेशा बनल रहेला.
  • अपना दामाद राबर्ट वाड्रा के एगो पत्रकार से कइल गलत व्यवहार का बाद सासु सोनिया गाँधी उनुका घरे चहुँपली. सासु दामाद में का बात भइल से पता ना चलल. ई वारदात दिन भर मीडिया के सुर्खी बनल रहल आ कांग्रेस के परेशानी भइल कि मामिला कइसे दबावल जाव.
  • अतवार का दिने वाराणसी के रामनगर में सुंदरीपुल पर मोटरसाइकिल से आइल एगो प्रेमी जोड़ा गंगा में छलांग लगा के जान दे दिहलसि. पुलिस मोटरसाइकिल आ सुसाइड नोट ले के जांच-पड़ताल में जुटल बिया.
  • भारत के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज अपना मारीशस यात्रा में मारीशस के भरोस दिहली कि दोहरा कराधान पर अइसन कवनो कदम ना उठाई भारत जवना से मॉरीशस के कवनो तरह के नुकसान होखो.
  • पाकिस्तान में वाघा बॉर्डर का लगे एगो फिदाइन विस्फोट से 45 लोग के जान चल गइल आ छह दर्जन लोग घवाहिल हो गइले. एह वारदात का बाद भारत अपना सीमा पर चौकसी बढ़ा दिहलसि.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में मुंबई में आपना मैदान में खेलत मुंबई एफसी एक गोल से केरला ब्लास्टर्स के हरा दिहलसि. केरला टीम कवनो गोल ना कर पवलसि.
  • महाराष्ट् सरकार के मंत्रियन का बीच विभाग बाँट दिहले मुख्य मंत्री देवेन्द्र फडणवीस बाकिर गृह विभाग समेत अनेके विभाग अपने लगे राख लिहले. शिवसेना से अबही ले समझौता फाइनल नइखे भइल.
  • दिल्ली के जवाहरलाल नेहरू स्टेडियम में अतवार का दिने राष्ट्रीय एथलेटिक्स के शुरुआत भइल. पहिला दिने 20 किमी पैदल चाल में दिल्ली पुलिस के सपना आ उत्तराखंड के मनीष महिला आ पुरुष वर्ग में चैंपियन बनले. महिला वर्ग के गोला फेंक में रेलवे के मनप्रीत कौर आ 5 किलोमीटर दौड़ में ओपी जैशा चैंपियन बनली.
  • भाजपा के बोलतुआ आ ‘मुस्लिम चेहरा’ शाहनवाज हुसैन के मोदी के दलाल कहत जान से मार देबे के धमकी वाला फोन दुबई से मिलल. शाहनवाज एह मामिला के जानकारी पुलिस के दे दिहले बाड़न.
  • गोरखपुर के राजघाट इलाका के रेती चौराहा का लगे श्रीराधा माधव टेक्सटाइल के गोदाम आ दुकान में आजु अतवार का भोर में बड़हन आग लाग गइल आ वायुसेना के दू गो दमकल समेत एक दर्जन दमकल लाग के छह घंटा में आग पर काबू पवले.
  • आजमगढ़ में आधार कार्ड बनावे खातिर नाजायज धन उगाही के सरकार गंभीरता से लिहले बिया आ एह काम में लागल लोग का खिलाफ उचित कार्रवाई करे के बात कहलन आजमगढ़ के जिलाधिकारी.
  • मंगल का दिने अमेरिका में होखे जात चुनाव में भारतीय मूल के तीस लोग आपन किस्मत आजमावत बा. एह चुनाव के परिणाम से अगिला राष्ट्रपति चुनाव के दशा दिशा के संकेत मिले के बात कहल जा ता.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up