खबर भोजपुरी में (बुध, 21 जनवरी 2015)

by | Jan 21, 2015 | 0 comments

(मंगल, 20 जनवरी के खबर)

नई दिल्ली में "मतदाता महोत्सव" के शुरूआत करत मुख्य निर्वाचन आयुक्त, एच.एस. ब्रम्हा. साथे बाड़न निर्वाचन आयुक्त डॉ सैयद नसीम अहमद जैदी.

नई दिल्ली में “मतदाता महोत्सव” के शुरूआत करत मुख्य निर्वाचन आयुक्त, एच.एस. ब्रम्हा. साथे बाड़न निर्वाचन आयुक्त डॉ सैयद नसीम अहमद जैदी.

  • कांग्रेस आ भाजपा से घूस के रुपिया ले के आआपा के वोट देबे के सलाह देबे वाला अरविन्द केजरीवाल के निर्वाचन आयोग नोटिस भेजले बावे कि काहें ना उनुका खिलाफ कार्रवाई कइल जाव. केजरीवाल के बियफे ले जवाब देबे के कहल गइल बा. एने केजरीवाल मंगल का दिने जुलूस ले के परचा दाखिल करे निकलले जरूर बाकिर नौटंकी लमहर खींचा गइल आ कार्यालय चहुँपत समय पार हो गइल आ ऊ परचा ना भर पवलें. अब फेरू काल्हु परचा दाखिल करे जइहें. काल्हुवे कांग्रेस के अजय माकन आ भाजपा के किरन बेदीओ आपन आपन परचा दाखिल करीहें.
  • लोकसभा चुनाव में मोदी के बहस के चुनौती देबे वाला अरविन्द केजरीवाल अबकी किरन बेदी के बहस करे के चुनौती दिहले बाड़न. जवाब में किरन बेदी के कहना बा कि इंतजार करस, विधानसभा में भरपूर बहस के मौका मिली. ओने अजय माकन कहलन कि ऊ बहस करे ला तइयार बाड़न बशर्ते बहस कवनो अइसन चैनल पर होखो जवन सभका मंजूर होखो. अब ना नौ मन तेल होखी ना राधा के नाचे के मजबूरी होखी. एह घरी के चैनल अपना पक्षपाती रवैया का चलते लोग के भरोसा गँवा दिहले बाड़न. कुछ एंकर त एहीमें खुश रहेलें कि ऊ चिचिया चिचिया के केहू के बोले ना देसु.
  • अध्यादेश ले अवला का बारे में राष्ट्रपति के राय जान गइला का बाद मंगल का दिने केन्द्र के बड़का मंत्रियन के बइठक भइल आ एह मुद्दा पर रायविचार भइल कि कवना तरह एह अध्यादेशन के संसद के अगिला सत्र का बेरा पारित करावल जाई आ अगर ना हो सकल त ओकर परिणाम का हो सकेला.
  • पश्चिम बंगाल के बर्दवान में एगो बड़का रैली क के भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी पर वोट बैंक राजनीति करे के अछरंग लगावत कहलन कि अइसने राजनीतिा का चलते खगरागढ़ विस्‍फोट भइल. बंगलादेश से होकत घुसपैठो खातिर राज्‍य सरकार के दोसी ठहरवलन.
  • नागर विमानन मंत्री अशोक गजपति राजू मंगल का दिने कहलन कि सरकार देश के चार गो बड़का हवाई अड्डन के निजीकरण करे का बारे में सोचत बिया. अहमदाबाद में मीडिया के कहलन कि अहमदाबाद, चैन्‍नई, कोलकाता आ जयपुर हवाई अड्डा के निजीकरण करे के सोचल जात बा.
  • अंतर्राष्‍ट्रीय मुद्राकोष अनुमान लगवले बा कि एह साल भारत के आर्थिक बढ़ोतरी छह फीसदी से तनी अधिका आ अगिला साल 2016 में साढ़े छह फीसदी हो सकेला. तब भारत के रफ्तार चीन से अधिका हो जाई. पिछला साल 2014 में भारत के वृद्ध‍ि दर 5.8 फीसदी रहुवे जबकि चीन के वृद्ध‍ि दर 7.4 फीसदी. मुद्राकोष इहो कहलसि कि एकर चाभी भारत सरकार के कार्यान्वन में बा.
  • मुद्राकोष के अनुमान जनला का बाद देश के शेयर बाजार में मंगल का दिने फेरू एगो अउरी लमहर उछाल देखे के मिलल आ सेंसेक्स 523 अंक आ निफ्टी 145 अंक उछल के बंद भइल.
  • देश में एह साल 17 जनवरी ले प्रधानमंत्री जन धन योजना का भीतर साढ़े ग्‍यारह करोड़ बैंक खाता खोलल गइल जवन कि दुनिया खातिर एगो रिकार्ड बन गइल. एह बात के गिनीज बुक ऑफ वर्ल्‍ड रिकार्डो मान लिहले बावे.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु मंगल का दिने कहलसि कि ओकर रुचि नाम जनला से बेसी धन के वापसी में बावे. एह खातिर अदालत याचिका दायर करे वाला बड़का अधिवक्ता राम जेठमलानी से दू हफ्ता का भीतर आपन शिकायत आ सुझाव विशेष जांच दल के देबे के कहलसि.
  • देश में बाघन के गिनिती साल 2010 का मुकाबले साल चौदह में करीब डेढ़ा हो गइल बा. चार साल पहिले देश में 1706 गो बाघ रहले जबकि साल में एहनी के गिनिती 2226 हो गइल बा.
  • तिकोनिया क्रिकेट सीरिज में खेलत आजु भारत इंगलैंड से चार विकेट से हार गइल. एह सीरिज में भारत के ई लगातार दुसरका हार हो गइल. अब अगिला मैच फेरू 26 तारीख के आस्ट्रेलिया से होखे वाला बा जे पिछला मैच में भारत के हरा दिहले रहुवे.
  • उत्तर प्रदेश के तेज-तर्रार आईपीएस अधिकारी डीजीपी रहल बृजलाल बुध का दिने भाजपा में शामिल हो जइहें. एकरा के दलित वोट के राजनीति में भाजपा के बढ़त पैठ का रुप में देखल जात बा.
  • ई-गवर्नेस में बढ़िया काम करे खातिर बिहार के ग्रामीण विकास विभाग के राष्ट्रीय स्तर पर स्वर्ण पुरस्कार खातिर चुनल गइल बा. ई पुरस्कार साल 2013-14 खातिर दिहल गइल बा.
  • मुजफ्फरपुर जिला के सरैया इलाका के अजीजपुर गांव में अब हालात काबू में बा. एह घटना के न्यायायिक जाँच करावे के माँग कइले बाड़न सुशील मोदी. भाजपा के एगो बड़हन नेता शहनवाज हुसैन एह घटना खातिर बिहार सरकार के जिम्मेदार बतवलन जवना चलते निर्दोष लोग के जान चल गइल.
  • राजद नेता लालू प्रसाद आ जदयू नेता नीतीश कुमार आजु बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के अभयदान देत कहलें कि बिहार में माँझी सरकार के कवनो तरह के खतरा नइखे. नीतीश कुमार कहलन कि भाजपा के चाल कामयाब ना हो पाई. जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कहलन कि बोलतुअन पर लगाम कसल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up