खबर भोजपुरी में (मंगल, 20 जनवरी 2015)

by | Jan 20, 2015 | 0 comments

(सोमार, 19 जनवरी के खबर)

  • भाजपा के केन्‍द्रीय चुनाव समिति के बइठक नई दिल्‍ली भइल जवना में दिल्ली विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के उम्मीदवारन के नाम तय कइल गइल. एह बइठक में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी, पार्टी प्रमुख अमित शाह, सुषमा स्‍वराज, अरूण जेटली आ नितिन गडकरी शामिल भइले. बइठक का बाद अमित शाह कहलन कि चुनाव में किरन बेदी के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बता के लड़े के फैसला सभका राय से लिहल गइल. भाजपा 62 सीट से अपना उम्मीदवारन के नामो जारी कर दिहलसि. किरन बेदी कृष्णानगर सीट से लड़ीहे जहाँ से पिछला बेर हर्षवर्धन जीतल रहलें. अमित शाह इहो कहलन कि दिल्ली में अकाली दल से मिल के चुनाव लड़ी भाजपा.
  • PahlajNihalani

  • ‘शोला और शबनम’ आ ‘अंदाज’ जइसन फिलिम बनावे वाला पहलाज निहलानी के सेंसर बोर्ड के नयका अध्यक्ष बना दिहल गइल बा. निहलानी एह पद पर तीन बरीस ले भा अगिला आदेश ले बनल रहीहें. नौ सदस्य वाला नयका सेंसर बोर्ड में निहलानी का अलावे निर्देशक डॉ॰ चन्‍द्रप्रकाश द्विवेदी, निर्माता अशोक पंडित आ भाजपा नेता वाणी त्रिपाठी टिक्‍कू के नाम शामिल बा.
  • बच जाएब त नेता कहाएब ना बचब त शहीद. कुछ एही तरह के बात बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी केन्द्रीय मंंत्री रामविलास पासवान के कहलन. ई जानकारी मीडिया के देत पासवान बतवले कि जब ऊ माँझी से कहलन कि ऊंच जाति वालन से होखत एह लगातार बदनामी से नीमन रहीत कि ऊ इस्तीफा दे देसु तब माँझी कहलन कि उनुका दुनू हाथ में लड्डू बा. बचब त नेता हटब त शहीद.
  • सुनंदा पुष्कर के हत्या का मामिला में आजु दिल्ली पुलिस उनुका पति आ केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर से पूछताछ शुरु क दिहलसि. थरूर से वसंत विहार एएटीएस के दफ्तर में भइल. पूछताछ का बाद बाहर निकलल थरुर के परेशान लउकत बतावल जात बा.
  • ताबड़तोड़ अध्यादेश पर नाराजगी जतावत राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आज विपक्षो के फटकरलन. कहलन कि अल्पमत के हल्ला गुल्ला का बीच बहुमत के आवाज दबावे के कोशिश ना होखे के चाहीं. सरकारो से कहलन कि अध्यादेश ले आवे में सावधानी राखे के जरूरत बा आ जबले बहुत जरूरी ना हो जाव तबले अध्यादेश ना ले आवे के चाहीं,
  • 94 बरीस उमिर के हिन्दुस्तान के मशहूर कार्टूनिष्ट आरके लक्ष्मण के हालत बहुते खराब बा. उनकर इलाज पुणे के दीनानाथ मंगेशकर अस्पताल के इंटेसिव केअर यूनिट में चलत बा जहाँ उनकर अनेके अंग काम कइल बंद कर दिहले बावे. फिलहाल उनुका के वेंटिलेटर पर राखल गइल बा.
  • ब्रिटेन भारत के चेतवले बा कि इस्लामिक स्टेट ओहिजा हमला कर सकेला. 15 आ 16 जनवरी के लंदन में भइल आतंकवाद विरोधी साझा कार्यदल के बइठक में ई जानकारी साझा कइलस ब्रिटेन.
  • आर्थिक भठियरपन के मामला में सजाय मिलला का बाद तमिलनाडू के मुख्यमंत्री रहल जयललिता से कवनो केन्द्रीय मंत्री भेंट करे चहुँपलन. ई मंत्री रहलन देश के वित्त मंत्री अरुण जेटली, दुनू जने का बीच करीब पौन घंटा ले बातचीत भइल. एह मुलाकात पर द्रमुक सवाल उठवले बिया कि जब एह मामिला में जयललिता के अपील अदालत के सोझा बा त वित्त मंत्री के भेंट करे आइल कतना सही कहाई.
  • नई दिल्ली का रोहिणी में एगो मीटिंग करे चहुँपल आआपा नेता आशुतोष के उनुके गोल के राजेश गर्ग के समर्थक घेर लिहले आ बाद में उनुका पिछला दरवाजा से निकल के छरदेवाली फान के भागे पड़ल.
  • पीएम मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में अब केहू भिखारी ना रही. सगरी भिखारियन के रोजगार वाला काम से जोड़ल जाई. बाकिर एहमें कतना सफलता मिलल कहल मुश्किल बा काहें कि काशी का बारे में कहल जाला “राँड़ साँढ़ सीढ़ी सन्यासी एह से बचे त सेवे काशी.” एहमें से अनेके विधवा (राँड़) के जिनिगी दाने से मिलल धन से चलेला. वाराणसी धार्मिक नगरी ह आ एकरा के भिखारी मुक्त बनावल केहू खातिर सहज ना हो सके. फिलहाल एह काम के बीड़ा एगो एनजीओ उठवले बा.
  • प्रधानमंत्री के नाम से जुड़ल एगो फर्जी वेबसाइट चला के लोग के मूड़े वाला एगो जालसाज के दिल्ली पुलिस हावड़ा से गिरफ्तार कइले बिया. एह काम में ओकरा पश्चिम बंगाल पुलिस के साथ मिलल रहुवे. 43 बरीस के सुदीप्त चटर्जी कई गो अउरियो फर्जी वेबसाइट चलावत रहुवे आ लोग से लाखो रुपिया वसूलत रहुवे करोड़ो के अनुदान दिआवे का नाम पर.
  • लखनऊ विश्वविद्यालय के 57वां दीक्षांत समारोह में बोलत केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि शिक्षा का संगही संस्कारो मिलल जरूरी होला. कहलन कि अगर नवहियन के नीक संस्कार दिहल रहीत त नवही आतंकवादी ना बनते.
  • मौसम विभाग चेतवले बावे कि पश्चिमी यूपी में अगिला दू तीन दिन बरखाबूनी होखे के अनेसा बा. पूर्वांचल में सोमार का दिने घाम ना निकलल आ लोग जाड़ से ठिठुरत रहल.
  • आजमगढ़ जिला के जहानागंज इलाका के बबुरा गांव में सोमार का सबेरे एगो मेहरारू घरेलू झगड़ा का बाद अपना तीन गो बचवन संगे आग लगा लिहलस. दुनू बचवन के त ओहिजे मौत हो गइल जबकि ओह औरत के मौत अस्पताल ले जाए का दौरान हो गइल.
  • मुजफ्फरपुर जिला के सरैया इलाका के अजीजपुर बलिहारा गाँव में अतवार का दिने भइल बवाल में पुलिस चौदह जने के गिरफ्तार कइले बिया. एह बवाल में चार जने के मौत हो गइल रहे. साठ घर के गाँव में बहुते लोग आपन घरबार छोड़ दोसरा जगह जान बचावे खातिर ठिकाना लिहले बा आ प्रशासन के समझवला का बादो लवटे के तइयार नइखे होत.
  • जदयू नेता नीतीश कुमार अपना पार्टी के बोलतुवन के बेसी भाव ना देबे के कहले बाड़न. उनकर कहना बा कि भाजपा चाहत बिया कि जदयू टूट जाव बाकिर ओकरा मनसा पुराई ना. ओने पार्टी में आवाज उठे लागल बा कि माँझी के हटा के नीतीश के फेरू से मुख्यमंत्री बना दिहल जाव. गोपालगंज के बैकुंठपुर से जदयू विधायक मंजीत सिंह विधायक दल के बइठक करावे के मांग कइले बाड़न.
  • तृणमूल कांग्रेस आ पश्चिम बंगाल सरकार का तरफ से अलग अलग याचिका सुप्रीम कोर्ट में दायर क के सारधा घोटाला पर नजर राखे के निहोरा कइल गइल बा. एकर वकील कपिल सिब्बल बाड़े आ एह बात पर पश्चिम बंगाल के कांग्रेस में नाराजगी बा.
  • कांग्रेस नेता आ केन्‍द्र में मंत्री रहल कृष्‍णा तीरथ आजु भाजपा में शामिल हो गइली. कहली कि भाजपा के नीमन नीति से प्रभावित हो के भाजपा में आइल बाड़ी.
  • अमरीका आ ब्रिटेन पाकिस्‍तान से कहले बाड़न कि साल 2008 में भइल मुंबई हमला के मुख्‍य साजिशकर्ता जकीउर रहमान लखवी के भारत के ओह लोग के सँउप दिहल जाव. ओने पाकिस्तान सरकार लखवी के 18 फरवरी में हिरासत में राखे के आदेश जारी क दिहले बिया.
  • देश के शेयर बाजार में सोमार का दिने लगातार तिसरका दिने बढ़त दर्ज भइल. सेंसेक्‍स में 140 अंक आ निफ्टी में 37 अंक के बढ़ोतरी भइल. रुपिया 16 पइसा मजबूत भइल. सोना के दाम 100 रुपिया बड़ल बाकिर चाँदी 45 रुपिया सस्ता हो गइल.
  • आस्ट्रेलिया आ भारत का बीच काल्हु भइल एकदिना में धीमा गेंदबाजी करवला का चलते ऑस्‍ट्रेलिया के कप्‍तान जार्ज बेली के एक मैच खातिर निलंबित क दिहल गइल आ डीम पर फीस के दस फीसदी जुर्माना लगा दिहल गइल.
  • ऑस्‍ट्रेलियन ओपन टेनिस के पहिलके दौर में पुरूष सिंग्‍लस में युकी भांबरी के हार हो गइल आ भारत के चुनौती खतम हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up