खबर भोजपुरी में (शुक, 12 दिसंबर 2014)

by | Dec 12, 2014 | 0 comments

(बियफे, 11 दिसंबर के खबर)

11 दिसंबर, 2014 का दिने  नई दिल्ली में दीया जरा के 'वर्ल्ड डायमंड कॉन्फ्रेंस' के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन.

11 दिसंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में दीया जरा के ‘वर्ल्ड डायमंड कॉन्फ्रेंस’ के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन.

  • भारत आइल रूस के राष्ट्रपति व्लादिमिर पुतिन आ भारत के प्रधानमंत्री का मुलाकात का बाद दुनू देश का बीच बीस गो करार पर दस्तखत भइल. भारत में आपन लड़ाकू विमान आ हेलीकाप्टर बनावे खातिर तइयार हो गइल बा रूस. मोदी कहलन कि रुस आगहू भारत के सबले खास रक्षा भागीदार बनल रही.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी रूस के राष्‍ट्रपति ब्‍लादिमिर पुतिन से निहोरा कइलन कि गहना बाजार के नियम के सहज बनावे रुस जेहसे रूस के आभूषण निर्माता आपन कच्‍चा हीरा भारत भेज के तरशवा सकसु आ फेर बाद में कवनो तरह के कर चुकवले बिना वापिस मँगा सकसु.
  • धर्मान्तरण पर चरचा का दौरान केन्द्र सरकार कहलसि कि अगरी सगरी राजनीतिक गोल तइयार हो जास त देश में धर्म परिवर्तन का खिलाफ कानून ले आवल जा सकेला. बाकिर विपक्ष एह पर शायदे तइयार होखी काहे कि सबले अधिका धर्म परिवर्तन हिन्दूवन के करावल जाला आ एही चलते आजादी का बाद से देश में हिन्दूवन के अनुपात घटल बा जबकि मुसलमान आ ईसाई समुदाय के आबादी लगातार बढ़त गइल बा.
  • आगरा में भइल धर्मान्‍तरण के संघ परिवार धर्मान्तरण मानते नइखे. ओकर कहना बा कि इ त ओह लोग के घरवापसी ह जिनका के बहला फुसला डेरवा के हिन्दू धर्म छोड़वा दिहल रहे. ओकर कहना बा कि घर वापसी के अइसन कार्यक्रम आगहूं चलत रही. हिन्दू विरोधियन ला ई मामिला उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी वाला हो गइल बा. विरोध ना करीहें त ओह लोग के वोट बैंक विदकी आ धर्मान्तरण पर रोक के कानून बन जाव तबो उहे लोग नुकसान में रही.
  • राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी के लिखल किताब ‘द ड्रे‍मेटिक डिकेड; द इंदिरा गांधी इयर्स’ में कहल गइल बा कि साल 1975 में लगावल आपतकाल के टारल जा सकत रहे आ कांग्रेस अउर इंदिरा गांधी के एह दुस्‍साहस के बाद में बड़हन दाम चुकावे पड़ल. लिखले बाड़न कि इन्दिरा गाँधी के मालूमे ना रहे कि आपतकाल कइसे लगावल जा सकेला. ई त तब पश्चिम बंगाल के मुख्‍यमंत्री रहल सिद्धार्थ शंकर रे के सलाह का बाद लगावल गइल.
  • ओडि‍शा के चिटफंड घोटाला का केस में सीबीआई बीजू जनता दल के विधायक प्रभात त्रिपाठी आ पहिले महाधिवक्‍ता रहल अशोक मोहन्‍ती समेत 16 जने पर आरोप पत्र दाखिल क दिहले बिया.
  • सेबी लोग के चेतवले बिया कि गैर कानूनी चिटफंड कंपनियन से बाँच के रहे लोग काहें कि ई कंपनी अबहियों गलत तरीका से लोग के पोंजी स्कीमन में फँसावे में लागल बाड़ी सँ.
  • केन्‍द्र सरकार राज्‍यन के कहले बिया कि मनरेगा खातिर मिलल धन के साठ फीसदी हिस्सा खेती आ खेती से जुड़ल काम पर खरच कइल जाव.
  • बम्बई शेयर बाजार के गिरावट बियफहू का दिने जारी रहल. पिछला आठ सत्र के कारोबार में सेंसेक्स 800 अंक टूट चुकल बा. बियफे का दिने 229 अंक के गिरावट आइल सेंसेक्स में.
  • चैंपियन्‍स ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में ऑस्‍ट्रेलिया के मुकाबला जर्मनी से आ भारत के मुकाबला पाकिस्‍तान से होखी. बियफे का दिने भइल क्वार्टर फाइनल मुकाबला में भारत, ऑस्‍ट्रेलिया, पाकिस्‍तान आ जर्मनी आपन आपन मैच जीत के सेमी फाइनल में आ गइल बाड़े जबकि बेल्जियम, अर्जेन्टिना, हालैंड, आ इंगलैंड हार गइल. भारत बेल्जियम के 4-2 गोल से हरवलसि.
  • एडिलेड में चलत पहिला क्रिकेट टेस्ट मैच में ऑस्‍ट्रेलिया के पहली पारी में सात विकेट पर बनल 517 रन के जवाब में खेल के तिसरका दिने भारत अपना पहिला पारी में पांच विकेट के नुकसान पर 369 रन बना लिहलसि.
  • जनता दल यूनाईटेड आ राष्ट्रीय जनता दल के आपस में जल्दिए विलय होखे के बात कहल जात बा. नयका दल में नीतिश कुमार के नेता मान लिहल जाई. ओने कांग्रेस के कहना बा कि बिहार में ओकरा बिना कवनो गैर भाजपा गठबन्हन कारगर ना हो पाई.
  • मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी मोतिहारी में डिग्री कॉलेज के उद्घाटन के बाद मधुबन में पॉलिटेक्निक कॉलेज आ मेहसी-मधुबन के जोड़े खातिर इब्राहिमपुर में बूढ़ी गंडक नदी पर पुल बनावे के एलान कइलन.
  • दीघा रेल पुल के उद्घाटन तीस दिसम्बर का दिने आ मुंगेर पुल के छब्बीस दिसम्बर का दिने कइल जाई. हालांकि एह पुलन पर अगिला छह महीना ले कवनो ट्रेन ना चल पाई काहे कि पहुंच पथ ना बनला का चलते अइसन होखी. पता ना कवन हड़बड़ी में खरवास का समय ई उद्घाटन करावल जात बा.
  • पश्चिम चंपारण जिला मुख्यालय में बेतिया के ट्रांसपोर्टर मनोज कुमार के कुछ बदमाश गोली मार के मुआ दिहले.
  • सारण जिला के बनियापुर में बियफे से सहाजितपुर थाना काम कइल शुरू क दिहलसि.
  • सांसद रहल व्यापारी नेता बनवारी लाल कंछल के पिछला पांच दिसम्बर के भइल पिटाई का खिलाफ बियफे का दिने राज्य भर में व्यापारी हड़ताल पर रहले. लखनऊ, वाराणसी, कानपुर, गोरखपुर, बस्ती, जौनपुर, बलिया, मेरठ वगैरह में बन्द के मिलाजुला असर देखे के मिलल.
  • मिर्जापुर जिला के विन्ध्याचल में माँ विन्ध्यवासिनी देवी मंदिर के दू गो पंडा परिवारन का बीच जजमान लेके भइल झगड़ा में दू गो पंडा के गोली लगला से मौत हो गइल. एक आदमी पर धारदार हथियार से हमला क के घवाहिल क दिहल गइल. गोली चलावे वाला पंडा फरार हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up