खबर भोजपुरी में (सोमार, 19 जनवरी 2015)

by | Jan 19, 2015 | 0 comments

(अतवार, 18 जनवरी के खबर)
ArunJetley-speaking-on-media

  • सूचना प्रसारण मंत्री अरुण जेटली मीडिया से सनसनी फैलावे आ मीडिया ट्रायल चलावे से गुरेज करे के सलाह दिहलन. कहलन कि बड़को मामिलन में निजता के गोपनीयता राखे के चाहीं. साथही इहो कहलन कि सुरक्षा कार्यवाहियन के जीवंत प्रसारण पर रोक लगावे पर विचार कइल जात बा काहें कि एहसे देश के सुरक्षा खातिर कई बेर खतरा बढ़ जाला. मीडिया के जिम्मेदारी से एह सब पर सोचे के चाहीं. जेटली नई दिल्‍ली में न्‍यूज ब्रॉडकास्‍टर्स एसोसिएशन के बोलावल ‘मीडिया की स्‍वतंत्रता और उत्‍तरदायित्‍व’ विषय पर न्‍यायमूर्ति जे.एस. वर्मा स्‍मारक व्‍याख्‍यान में बोलत रहलन. कहलन कि अब मीडिया पर सेंसरशिप लगावल मुश्‍किल हो गइल बा आ रोक लगावे के दिन नइखे रह गइल.
  • बदायूं जिला के उझानी थाना के एगो सिपाही के बर्खास्‍त कर दिहल गइल बा. ओकरा पर आरोप बा कि एगो सतरह बरीस के लईकी का साथे कुकर्म कइला का बाद ओकरा के थाना के छत से नीचे फेंक दिहलस. घाहिल लईकी के इलाज बरेली के अस्‍पताल में चलत बा.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में बारामूला जिला के सोपोर में सुरक्षाबल से मुठभेड़ में जैश-ए-मोहम्‍मद के दू गो आतंकियन के मार गिरावल गइल बा,
  • पिछला बेर आआपा के विधायक जीतल विनोद कुमार बिन्नी अतवार का दिने भाजपा में शामिल हो गइलन. कहलन कि पार्टी जवने जिम्मेदारी सँउपी तवन पूरा करीहें. चुनाव जीतला का बाद केजरीवाल से मनभेद का चलते बिन्नी आआपा गोल छोड़ चुकल रहलें.
  • भारत एह बात से इन्कार कइले बावे कि कोलम्बो में तैनात ओकर एगो अधिकारी के श्रीलंका प्रशासन निकाल बाहर कइले बावे, कहलन कि एह अधिकारी के नियमित तबादला तीन साल पूरा भइला का बाद कइल गइल. मीडिया में खबर बा कि ई अधिकारी राजपक्षे के हरावे के षडयंत्र करे में शामिल रहुवे आ एही चलते इनका के चुनाव से पहिले निकाल बाहर करवले रहुवे.
  • बांग्‍लादेश में पिछला 6 जनवरी से लगातार बवाल हो रहल बा. अतवारो का दिन ढाका में संसद परिसर का नियरा एगो बस में आग लगा दिहल गइल जवना से चार गो छात्रा झँउस गइली सँ. पेट्रोल बम फेंक के ढाका बरिसाल रोड पर एगो ट्रक ड्राइवर के मार दिहल गइल. ओहिजा के विपक्ष लगातार चक्काजाम करावे में लागल बा. बांगलादेश सरकार देश में मैसेज सेवा के रोक दिहले बिया.
  • मथुरा जेल में दू गो गिरोहन का बीच भइल गोलीबारी में एगो कैदी के मरइला आ दू गो के घवाहिल भइला का बाद जेल अधीक्षक, एगो जेलर, एगो थाना प्रभारी आ आठ गो सिपाहियन समेत कुल 16 जने के निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • मेलबर्न में तिकोनिया क्रिकेट सीरिज में अतवार का दिने भइल मैच में ऑस्ट्रेलिया भारत के चार विकेट से हरा दिहलस. ई ओकर लगातार दुसरका जीत रहल एह सीरिज में.
  • दक्षिण अफ्रीका के कप्तान ए बी डिविलियर्स आज जोहानिसबर्ग में महज 31 गेंद पर शतक लगाके एकदिना अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे तेज पचासा आ सैकड़ा के नया विश्व रिकॉर्ड बना दिहलन.
  • उत्तर प्रदेश गिरोह बंद अउर समाज विरोधी क्रियाकलाप निवारण संशोधन अध्यादेष 2015 के अतवार का दिने राज्यपाल जारी क दिहलन. एह पर राष्ट्रपति के मंजूरी लिहला का बाद राज्य सरकार राज्यपाल का लगे भेजले रहुवे.
  • बिहार जदयू के भितरी कलह बढ़ले जात तबा. अतवार का दिने जदयू के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आ लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण मंत्री महाचन्द्र प्रसाद सिंह समेत अनेके नेता जदयू के अधिकृत बोलतुआ अजय आलोक के आलोचना कइले. एह बीच भाजपो के लोग एह मामिला में रस लेबे लागल बा. सुशील मोदी कहलन कि सब कुछ नीतीश का इशारा पर होखत बा आ उनुका से महादलित मुख्यमंत्री बरदाश्त नइखे होत. गिरिराज सिंह कहलन कि माँझी सरकार के गिरे ना दिहल जाई. त रालोसपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केन्द्र सरकार के मंत्री उपेन्द्र कुशवाहा कहलन कि राजद आ जदयू के मिला दिहलो पर एनडीए के कवनो फरक नइखे पड़े वाला.
  • पूर्वांचल में अतवारो का दिन गलन वाली जाड़ के दौर जारी रहल आ मौसम विभाग के कहना बा कि हालात कुछ दिन अइसने बनल रहे के अनेसा बा. कनकनी वाला पछुआ हवा का चलते बिहारो में जाड़ के प्रकोप बनल रहल बा. मौसम विभाग के कहना बा कि अबहीं हफ्ता भर पछुआ चलत रहे के अनेसा बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up