खबर भोजपुरी में (सोमार, 24 नवंबर 2014)

by | Nov 26, 2014 | 0 comments

जानल-मानल फिल्मकार सुभाष घई 24 नवम्बर, 2014 का दिने पणजी, गोवा में 45वां भारत अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह में आपन विचार परोसत.

जानल-मानल फिल्मकार सुभाष घई 24 नवम्बर, 2014 का दिने पणजी, गोवा में 45वां भारत अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह में आपन विचार परोसत.

  • सिवान जिला के नगर थाना इलाका में कुछ अपराधी भाजपा सांसद ओमप्रकाश यादव के मीडिया प्रभारी आ भाजपा नेता श्रीकांत भारतीय के अतवार का दिने गोली मारके हत्या कर दिहलें.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के हुड़की का बाद जदयू नेता लोग के ठकुआ मार दिहले बा आ अब एह मामिला पर केहू कुछ बोले नइखे चाहत. इहाँ ले कि माँझी के मुख्यमंत्री बनावे वाला नीतीशो कुछ कहे स मना क दिहलन. प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठो नारायण सिंह कुछ बोले से मना क दिहलन.
  • बनारस हिंदू विश्वविद्यालय में भइल हाल के बवाल का चलते गिरफ्तार विद्यार्थियन के सोमार का दिने रिहा क दिहल गइल.
  • बसपा सुप्रीमो मायावती कहले बाड़ी कि बीमा विधेयक के परीक्षण करत प्रवर समिति अगर उनुकर बात मान लेव त बसपा विधेयक के विरोध ना करी.
  • यूपी के राज्यपाल राज्यपाल राम नाइक उत्तर प्रदेश के नगर विकास मंत्री आजम खान के बयानबाजी के गलत बतावत कहलन कि बड़का पद पर बइठल लोग के सोच समुझ के आपन बात कहे के चाहीं. आ अइसनका बयान देबे वालन पर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ मुलायम सिंह यादव के लगाम लगावे के चाहीं.
  • अगस्टा वेस्टलैंड हेलीकॉप्टर सौदा मामिला में हेराफेरी करे का आरोप में दू गो इतावली नागरिक आ उद्योगपति गौतम खेतान के खिलाफ दाखिल आरोपपत्र पर अगिला साल 28 अगस्त के सुनवाई करे के फैसला कइलसि अदालत.
  • पंजाब केसरी प्रकाशन समूह का तरफ से बाढ़ राहत कोष खातिर जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एन.एन. वोहरा के दू करोड़ रुपिया के दान दिहल गइल.
  • आईसीसी चैम्पियनशिप के तहत सोमार का दिने बैंगलुरू के एम. चिन्नास्वामी स्टेडियम में भइल पहिला एकदिना मैच में भारतीय महिला टीम दक्षिण अफ्रीका के टीम से दू विकेट से हार गइल.
  • छह मैच से चलल आवत हार के सिलसिला खतम करत दिल्ली डायनामोज सोमार का दिने गुवाहाटी में नॉर्थईस्ट युनाइटेड एफसी के दू बनाम एक गोल से हरा दिहलसि.
  • भारतीय खेल प्राधिकरण के कहना बा कि बॉक्सिंग इंडिया का तरफ से निलंबित महिला मुक्केबाज सरिता देवी, उनुका पति आ कोच के कारण बताओ नोटिस भेजे के बात सही ठहवलसि.
  • सोमार का दिने सर्वोच्च न्यायालय बीसीसीआई पर कड़ा प्रहार करत कहलसि कि बीसीसीआई क्रिकेट के सत्यानाश करे में जुटल बिया. अदालत का तरफ से बीसीसीआई के निर्वासित अध्यक्ष एन. श्रीनिवासन के कड़ा फटकार लगावल गइल.
  • वाहन निर्माता कंपनी ह्युंडई मोटर इंडिया सोमार का दिने प्रधानमंत्री राहत कोष में दू करोड़ रुपिया दान दिहलसि.
  • उड़ीसा में सरकार चलावे वाला बीजदे के विधायक सोमार का दिने विधानसभा ना चले दिहलन. ई लोग एगो सिंचाई परियोजना के विरोध करत बा जवना से अनेके गाँवन के डूब जाए के खतरा बतावल जात बा.
  • अमेरिकी सरकार चाहत बिया कि भारत बौद्धिक संपदा अधिकार, स्थानीय स्रोत मानदंड अउर उच्च कुशलता वाला श्रमिकन के गतिशीलता का बारे में नया मानदंड अपनावे.
  • सोमार का दिने सेंसेक्स में 165 अंक के तेजी दर्ज कइल गइल आ सूचकांक 28,499.54 पर आ निफ्टी 8,530.15 पर बंद भइल.
  • बंगला देश में मुक्ति संग्राम का दौरान बेकसूर लोग पर कहर बरपावे वाला रजाकर कमांडर मोहम्मद मुबारक हुसेने के ओहिजा के अंतर्राष्ट्रीय अपराध ट्रिब्यूनल-1 सोमार का दिने फाँसी के सजा सुना दिहलसि.
  • भारतीय क्रिकेट गेंदबाज आस्ट्रेलिया दौरा पर अपना पहिला अभ्यास मैच में आस्ट्रेलिया के पहिला पारी 219 रन पर समेट दिहलन.
  • बीमा विधेयक पर कांग्रेस आपन राय जाहिर ना कइलसि. कहलसि कि समय अइला पर राय बतावल जाई. एह विधेयक में बीमा क्षेत्र में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश के सीमा मौजूदा 26 फीसदी से बढ़ा के 49 फीसदी करे के कहल गइल बा.
  • फिजी में भारतीय मूल के दू जने के भठियरपन का मामिला में जेल के सजा सुनावल गइल बा. महेन्द्र पटेल के एक साल आ धीरेंद्र प्रताप के छह महीना जेल में रहे के पड़ी.
  • इजरायल के यहूदी राष्ट्र बनावे वाला विधेयक के इजरायल मंत्रिमंडल अतवार का दिने मंजूरी दे दिहलसि. चारो ओर मुसलमान देशन से घेराइल इजरायल दुनिया के पहिला यहूदी देश होखी. दुनिया में अब कतहूँ कवनो हिन्दू देश नइखे रहि गइल. कुछ बरीस पहिले ले नेपाल अकेला हिन्दू देश रहुवे बाकिर प्रचण्ड के सरकार बनला का बाद ओकरा के सेकूलर देश घोषित क दिहल गइल.
  • समय पर जारी ना क सकला का बाद जम्मू कश्मीर में पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी सोमार का दिने आपन चुनावी घोषणा-पत्र जारी करे के सोचलसि त चुनाव अयोग रोक दिहलसि काहे कि वोट पड़े के काम मंगल से शुरु हो रहल बा.
  • कांग्रेस के बड़का आ पुरान नेता, अउर पिछला केन्द्र सरकार में मंत्री रहल मुरली देवड़ा के 77 बरीस के उमिर में लमहर बेमारी का बाद मौत हो गइल. उनुका कैंसर के रोग रहुवे. देवड़ा के निधन पर राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री अउर अनेके नेता लोग दुख जतवले बा. सोमार का दिने शुरू भइल संसद के शीतकालीन सत्र उनुका ला शोक संवेदना जता के स्थगित हो गइल. देवड़ा के अंतिम संस्कार में सोनिया आ राहुल गाँधी जाए वाला बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up