आखिर मानही के पड़ल अन्ना हजारे के शर्त

by | Aug 17, 2011 | 0 comments

नई दिल्ली, 17 अगस्त (आईएएनएस). दिल्ली पुलिस के आखिरकार सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे का सोझा झुकही के पड़ल. अभ दिल्ली पुलिस अन्ना हजारे के जयप्रकाश नारायण राष्ट्रीय उद्यान का बदले रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति दे दिहले बिया. साथही ऊ एहू बाति पर तइयार हो गइल बिया कि अन्ना हजारे ओहिजा सात दिन ले अनशन कर सकेले आ एह अवधि के जरूरत पड़ला पर बढ़ावलो जा सकेला.

दिल्ली पुलिस के प्रवक्ता राजन भगत पत्रकारन से कहले कि, “जवना छह गो शर्त पर अन्ना हजारे पक्ष के एतराज रहल, ओहमें हमनी का छूट दे दिहनी. हमनी का सात दिन ले अनशन करे के इजाजत दिहले बानी जवना के बढ़ावलो जा सकेला.”

ऊ इहो कहलन कि रामलीला मैदान में अनशन के समर्थन में आवे वाला लोगन के संख्या आ गाड़ियन के संख्या पर कवनो पाबंदी ना रही.

मालूम होखे कि अन्ना हजारे दिल्ली पुलिस के सगरी शर्त माने से इंकार कर दिहले रहले आ पुलिस हर शर्त मनवावे पर अड़ल रहुवे. एही चलते मंगल का सबेरे अन्ना के टीम समेत ह हिरासत में ले लिहल गइल रहे. बाद में उनुका के गिरफ्तार करके सात दिन के न्यायिक हिरासत में तिहाड़ जेल भेज दिहल गइल रहे. अन्ना हजारे ओहिजो आपन अनशन जारी रखलन आ पूरा देश में अन्ना के समर्थन में आवाज उठे लागल जवना का बाद मंगले का रात अन्ना के रिहाई के आदेश दे दिहल गइल बाकिर अब अन्ना शर्त लगा दिहले कि जबले उनुका के बिना कवनो प्रतिबंध के अनशन करे ना दिहल जाई तबले ऊ तिहाड़ जेल से बाहर ना निकलिहे.

इंडो-एशियन न्यूज सर्विस

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up