आखिर लोहिया के मकान कहाँ बा?

by | Oct 12, 2013 | 0 comments

समाजवाद के पुरोधा मानल जाए वाला डा. राममनोहर लोहिया के आपन आदर्श माने वाली उत्तर प्रदेश के सपा सरकार भलही अनेके योजना लोहिया का नाम पर चलावत होखो ओकरा अबही ले ई पता नइखे कि आखिर लोहिया के मकान कहाँ बा!
डा॰ लोहिया के जनम तब के अविभाजित फैजाबाद जिला के अकबरपुर के शहजादपुर मोहल्ला मे भइल रहे. आजु उनकर 46वीं पुण्यतिथि ह. सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह यादव डा॰ लोहिया के आपन आदर्श मानेले लेकिन सूबा में चार बेर आपन सरकार बना बनवा चुकला का बादो पता ना लगा पवले कि लोहिया के मकान कहाँ बा.
डा॰ लोहिया साल 1915 मे अकबरपुर के टंडन पाठशाला से प्राथमिक शिक्षा हासिल कइले आ विशेश्वरनाथ हाईस्कूल अकबरपुर से मिडिल के शिक्षा साल 1920 मे. समाजवाद के सेनापति कहल जाए वाला डा॰ लोहिया के शहजादपुर के अनुयायी बतावेले कि उनुका जन्मस्थली पर अब एगो मार्केट बन गइल बा.
शहजादपुर मे एगो मूर्ति के अलावा डा॰ लोहिया के नाम से शायद कुछउ नइखे. अकबरपुर के अम्बेडकरनगर नाँव से मायावती अपना मुख्यमंत्रित्वकाल मे जिला बना दिहली जबकि डा॰ लोहिया के नाम से अकबरपुर के जिला बनावे के माँग मुलायम सिंह यादव के पहिलके मुख्यमंत्रित्वकाल 1989 से शुरु हो गइल रहे.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up